अफवाह फईलावल आरोप मे पत्रकार पकडईलें
वीरगंज ०२ बैशाख,
सामाजिक सञ्जाल मार्फत अफवाह फईलावल आरोप मे पुलीस मकवानपुर के हेटौंडा से एक पत्रकारके पकडले बा ।
हेटौंडा उपमहानगरपालिका वार्ड नं ४ रहेवाला ३० बरीस के रवीन्द्र गौतम के इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा से खटल टोली मंगर के दिने हेटौंडा से नियन्त्रण मे लेहले बा । रवीन्द्र भ्रामक खबर फईला के सामाजिक शान्ति सुव्यवस्था मे खलल पुगावल दावी पुलीस कईले बा ।
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे कोरोना भाइरस संक्रमित मिलल कहत सामाजिक सञ्जाल मे पोष्ट करके अफवाह फईलईला के चलते नियन्त्रण मे लेहल डीएसपी गोविन्द पुरी जानकारी देहनी ।
उ सोमार के दिने सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मे ‘जितपुर मे १ जने आ सिमरा मे २ जने मे भी संक्रमण देखल गईल कहके बात आईल । अभी भी सतर्कता अपनावल जरुरी’ कहके स्टाटस लिखले रहलन ।
मंगर के दिने हि गौतम के पुलीस सार्वजनिक शान्ति विरुद्ध के कसुर मे अनुसन्धान करे खातिर जिल्ला अदालत बारा मे पेश कईले बा ।
अदालत १० दिन थुना मे राख के अनुसन्धान करे खातिर अनुमति देहल डीएसपी पुरी बतवनी । हेटौंडा के सरोवर एफएम मे कार्यरत गौतम बागमती खबर अनलाइन भी सञ्चालन करत आईल बाडन ।






