वीरगंज मे नाका खोलेके माग करत तीन दिन से धर्ना जारी

वीरगंज १४ अगहन
नोवेल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण बढला के बाद वीरगंज–रक्सौल नाका के साथे देशभर के सिमानाका बन्द रहल बा ।
इहे क्रम मे भारत ६ कातिक से एकतर्फी रुप मे नाका खुल्ला कईला के बाद नाका मे चहलपहल बढल बा । नेपाल सरकार ३० अगहन तक नाका बन्द हि रहेके बतवले बा ।
नाका खोलेके दबाब देवेके उद्देश्य से वीरगंज मे तीन दिन से एक घण्टे धर्ना कार्जक्रम चल रहल बा । तीन दिन से नेपाल भारत खुला सीमा संवाद समूह मे आवद्ध आदमी सीमा क्षेत्र मे पुगेलन, सबेरे ९ बजे से १० बजे तक धर्ना मे बईठेलन ।
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के केन्द्रिय सदस्य रम्भा मिश्र नाका मे आवत जावत सहज ना भईला से नागरिक के दुःख हो रहल बतवनी । वीरगंज आ आरीपाछि क्षेत्र मे वियाह के सिजन मे सीमावर्ती रक्सौल से हि लत्ता कपडा लगायत के वियाह के समान किनमेल कईल जाला ।
जसपा के युवा नेता ओमप्रकाश सर्राफ कहनी लम्हर समय नाका बन्द भइला पर सीमाञ्चल के सम्बन्ध, जनता जनताबीच के सम्बन्ध टुटेके अवस्था मे पुगल बतवनी ।
‘नाका बन्द भईला से जनसम्बन्ध टुटेके अवस्था मे पुगे लागल बा । किसान के सहज रुप मे मलखाद, बीया मिले नइखे सकत’, कहत उ ‘ई सभी समस्या समाधान के खातिर नाका मे आवागमन सहज बनावेके पडि, नाका खुलेके चाहिं ।’
कोरोना महामारी मे खस्कल अर्थतन्त्र उठावे खातिर पर्यटन क्षेत्र के महत्वपूर्ण योगदान होखेके उनकर कहनाम बा । जनमत पार्टी के नेतृ मुन्नी श्रीवास्तव सीमा ना खुले तक धर्ना जारी रहेके बतवनी ।
सुरक्षाकर्मीलोग नाका होत आवेजाएमे कडाइ कईले बा । वीरगंज भन्सार कार्यालय लगे सशस्त्र पुलीस मोटरसाइकल, अटो रिक्सा आ आउर छोटा सवारी साधन के रोकेलन ।
अटो रिक्सा उहें से फिर्ता होखेला, मोटरसाइकल के सशस्त्र पुलीस हि साइड के रास्ता बतावेलन । खेत खरियान के रास्ता होत आदमीसब रक्सौल पुग के फिर्ता होखेलन ।
सरकार आवागमन खुल्ला कईल ११ नाका मे वीरगंज भी पडेला । सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का के मुताविक भारत से आवेवाला आदमी खातिर विशेष कडाइ कईल बा । नेपाली नागरिक के नियमित आवेमे रोकटोक ना भईल उ बतवनी ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ नेपाल ओरी के नाका औपचारिक रुप मे बन्द हि रहल बतवनी । साइड से त आवत जावत त हो रहल बा नु ? कहके सवाल के उत्तर देत उ ‘मुख्य नाका बन्द बा, दोसर जगहा से का हो रहल बा हम बुझेम ।’
सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक खड्का साइड से भी आवेजाएमे रोकेके प्रयास हो रहल आ काल्हु मात्र अटेरी करेवाला दु जने के कारबाही कईल बतवनी । अगहन विउाह के लगन बहुते होखेवाला महिना भी ह ।
सीमावर्ती क्षेत्र मे आरीपाछि वियाह करेके चलन बा । ओहिसे सीमाञ्चल मे ई सम्बन्ध के रोटीबेटी के सम्बन्ध के रुप मे परिभाषित कईल जाला । फिरभी कुछ दिन से नाका खोलेके माग उठ रहल बा ।






