पत्रकार महासंघ सुरु कईलख डिजिटल संवाद

काठमाण्डु, २ वैशाख,

नेपाल पत्रकार महासङ्घ केन्द्रीय समिति के आयोजना आ महासङ्घ के डिजिटल मिडिया समिति के संयोजन मे कोरोना भारइस महामारी के सन्दर्भ मे डिजिटल संवाद आयोजना कईले बा ।

कार्जक्रम मे महासङ्घ के अध्यक्ष गोविन्द आचार्य कोरोना महामारी मे पत्रकार अग्रपङ्क्ति मे काम करेवाला भईला से उच्च जोखिम मे रहल बतवनी ।

उ अभी के विषम परिस्थिति मे पत्रकार से सत्यतथ्य मे आधारित रह के जिम्मेवार पत्रकारिता करेके बतावत सञ्चार क्षेत्र के विशेष राहत प्याकेज घोेषणा करे खातिर सरकार से माग कइनी ।

डिजिटल संवाद मे प्रेस काउन्सिल नेपाल के कार्यवाहक अध्यक्ष किशोर श्रेष्ठ सञ्चारकर्मी कपे आचारसंहिता पालना मे गम्भीर होखेला निहोरा कइनी ।

न्यूनतम पारिश्रमिक निर्धारण समिति के अध्यक्ष राजेन्द्र अर्याल सङ्कट के समय पत्रकार पारिश्रमिक से वञ्चित भईल बाडन कहत श्रमजीवी पत्रकार आउर समस्या मे पडल बतवनी ।

महासङ्घ के पूर्वसभापतिद्वय डा सुरेश आचार्य आ पूर्वअध्यक्ष शिव गाउँले, महासङ्घ के महासचिव रमेश विष्ट, प्रेस सङ्गठन नेपाल के संयोजक महेश्वर दाहाल, नेपाल प्रेस युनियन के अध्यक्ष बद्री सिग्देल, महासङ्घ के प्रदेश अध्यक्ष एवं उपाध्यक्षलोग, अनलाइन पत्रकार सङ्घ के पूर्वअध्यक्ष लगायत संवाद मे बिचार रखल महासङ्घ जनवले बा ।

संवाद कार्जक्रम मे महासङ्घ के प्रदेश समिति के अध्यक्ष आपन प्रदेश के पत्रकारिता अवस्था के बारे मे जानकारी करवले रहनी आ महासचिव विष्ट महासङ्घ से सञ्चारगृह मे कईल स्थलगत अनुगमन प्रतिवेदन प्रस्तुत कईले रहनी ।

महासङ्घ के सचिव प्रकाश थापा डिजिटल संवाद मे मध्यस्तकर्ता के भूमिका निर्वाह कईले रहनी । महासङ्घ के डिजिटल मिडिया समिति के संयोजक लेखनाथ न्यौपाने कार्जक्रम के संयोजन कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।