भारत लेजा रहल २ सय ५० किलो गाँजा वीरगंज से पकडाईल

वीरगंज २८ असाढ
वीरगंज मे सोमार के दिने पुलीस बहुते परिमाण मे लागूऔषध गाँजा बरामद कईले बा ।
खाली मालवाहक गाडी मे लुकाके वीरगंज भन्सार के नाका होत भारत लेजारहल अवस्था मे पुलीस सोमार के दिने २ क्वीन्टल ४७ केजी गाँजा बरामद कईले बा ।
हेटौँडा से सामान खाली करके भारत ओरी जा रहल एचआर ५५ एम २२०९ भारतीय नम्बर के लहरी (कन्टेनर लादेवाला ट्रक) मे लोड रहल खाली कन्टेनर मे लुकाके राखल २३ गो पोका मे रहल २ सय ४७ किलो गाँजा पुलीस बरामद कईले बा ।
प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल के मुताविक हेटौँडा से वीरगंज नाका होत भारत जा रहल खाली कन्टेर लोड भईल लहरी मे लुकाके गाँजा भारत तस्करी हो रहल सूचना पुलीस के मिलल रहे ।
उहे सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल प्रहरी टोली सोमार के दिनके २ बजे वीरगंज के ड्राइपोर्ट चोक मे उ लहरी रोक के चेकजाच कईले रहे ।
चेकजाँच के समय मे लहरी मे लोड रहल खाली कन्टेनर भितर फल्सबटम बनाके लुकावल गईल २३ गो पोका मे रहल २ सय ४७ केजी बरामद भईल प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल बतवनी ।
कन्टेनर चेकजाँच कर रहल समय लहरी के चालक फरार भईला से उनका के पकडे ना सकल प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल बतवनी ।
बरामद गाजा सहित के लहरी जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे लियाके राखल गईल बा । फरार रहल चालक आ लहरी के धनी के विषय मे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल जानकारी देहनी ।





