खुल्ला सीमा से कोरोना आवेके डर बढल, कडाइ होखो : राजपा

काठमाण्डु ३ बैशाख,
राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) से खुल्ला सीमा नाका से कोरोना भाइरस फईलेके खतरा बढल कहत आउर सुरक्षाकर्मी परिचालन करके निगरानी बढावे के माग कईले बा ।
पडोसी देश भारत मे कोरोना महामारी के रूप लेरहल समय राजपा संयोजक शरदसिंह भण्डारी बुध के दिने एगो विज्ञप्ति जारी करत भारत के नाम ना लेके ओकरा ओरी के नाका मे आउर कडाइ करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।
‘पडोसी देशसब मे कोरोना भाइरस के संक्रमण तेजी से बढ रहला से खुल्ला सीमाना मे आउर निगरानी बढावे के भईला से व्यापक रूप मे सुरक्षाकर्मी परिचालन करके आवतजावत के कडाइ के साथ रोकेके पडि,’ राजपा संयोजक भण्डारीद्वारा बुध के दिने सरकार के देहल चार बुँदे सुझाव के तिसरका बुँदा मे कहल गईल बा ।
भारत सँगे के सीमा विवाद, उ खडा कईल बाँध के चलते तराई तथा मधेस के क्षेत्र मे होखेवाला डुबान लगायत मे मौनता साधल आरोप सहत आईल राजपा भारत मे कोरोना कहर बढ रहल समय नाका मे कडाइ करेके माग कईले बा ।
राजपा उपत्यका से नागरिक बाहर गईला के बाद कैयन जगहा मे झडप के अवस्था भी सिर्जना भईल कहत एकरा उपर गम्भीर बने खातिर भी सरकार के कहले बा ।
लकडाउन के बाद उपत्यका लगायत देश के अनेकन जगहा मे आदमीसब अलपत्र पडल बाडन । ओईसन नागरिक के खातिर सम्बन्धित वार्ड से तत्काल राहत के व्यवस्था मिलावे खातिर भी राजपा माग कईले बा । ई बारे मे बेर बेर सरकार से निर्णय कईला पर भी ओकर कार्यान्वयन प्रभावकारी ना भईल राजपा के मत बा ।
स्वास्थ्यकर्मीलोग के जरुरी पडेवाला स्वास्थ्य सामान तत्काल उपलब्ध करावे खातिर भी भण्डारी माग कईले बाडन । कोरोनाविरुद्ध लडे खातिर पुरे देश एक जगहा मे खडा होखेके जरुरत रहल बतावत उ लकडाउन के नियम पालना करे खातिर सभी के सुझाव देहले बानी ।






