शान्ति सुरक्षा तथा अमनचैन कायम राखे खातिर कउनो कसर बाँकी ना राखेम : प्रजिअ भूषाल

शान्ति सुरक्षा तथा अमनचैन कायम राखे खातिर कउनो कसर बाँकी ना राखेम : प्रजिअ भूषाल

वीरगंज ११ पुस

पर्सा जिल्ला मे नयाँ आईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भूषाल पर्सा जिल्लावासी के शान्ति सुरक्षा तथा अमनचैन कायम राखे खातिर कउनो कसर बाँकी ना राखेके बतवले बानी ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ से आयोजना कईल भेटघाट कार्जक्रम मे बोलत प्रजिअ भूषाल वीरगंज आर्थिक नगरी भईला से एकर महत्व आ उपादेयता के मध्यनजर करत उद्योग, व्यापार के विकास आ प्रबद्र्धन के क्षेत्र मे आपन सक्रिय भूमिका रहेके दाबी करत शान्ति सुरक्षा के भरपर्दो व्यवस्था मिलावेके बतवनी ।

संघ के सभाहल मे भईल कार्जक्रम मे प्रजिअ भूषाल पर्सा जिल्ला मे सरकारी कार्यालयसब लगायत सभी सेवासबके सुशासन के प्रबद्र्धन करेके, जिल्ला के शान्ति सुरक्षा, सिमावर्ती लगायत के क्षेत्रसब मे गैरकानूनी आर्थिक क्रियाकलाप के नियन्त्रण तथा विकास निर्माण के क्षेत्र मे हो रहल ढिलासुस्ता के हटाके विकास निर्माण के काम तेजी मे अगाडि बढावे खातिर सरोकारवाला पक्ष के निर्देशन देवेके बतवनी ।

सङ्घ के अध्यक्ष अनिल कुमार अग्रवाल वीरगंज लगायत क्षेत्र मे कायम रहल शान्ति सु–व्यवस्था के आउर प्रभावकारी बनावेके, सिमा सुरक्षा सम्बन्धी बईठक नियमित रुप मे होखेके बतावत वीरगंज मे सिसिटिभी परियोजना के खातिर बजेट विनियोजन के खातिर प्रजिअ भूसाल से निहोरा कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे सङ्घ के नि.अध्यक्ष तथा नेपाल उद्योग वाणिज्य महासङ्घ के कार्यकारिणी सदस्य डा. सुबोध कुमार गुप्ता सङ्घ के ऐतिहासिक पृष्ठभूमि, ई क्षेत्र के बढल आर्थिक महत्व आ अपार सम्भावना बारे चर्चा करत ई क्षेत्र के सामु रहल चुनौती तथा उद्योगी व्यवसायीलोग से भोग रहल समस्यासब के बारे मे चर्चा कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे सङ्घ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष हरि गौतम, उपाध्यक्षद्वय माधव राजपाल आ मनोजकुमार दास, पूर्व अध्यक्ष अशोककुमार वैध, महासचिव आशिषकुमार लाठ, सचिवद्वय प्रेमचन्द्र गोयल आ सुशान्त चाचान लगायत के उद्योगी व्यवसायीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।