लकडाउन के असर धार्मिक संस्था मे भी परल

प्रभु यादव

बारा ०३ बैशाख

विश्व भर महामारी के रूप मे फईल रहल कोरोना भाईरस से बहुते देश लकडाउन कईले बा । नेपाल मे भईल लकडाउन के कारण बारा जिल्ला मे रहल धार्मिक संस्था मन्दिर आ मस्जीद मे असर परल बा ।

सबेरे आ सझिया के समय मे मठ मन्दिर मे धार्मिक भजन गित रेडियो मे बजावल जात रहल हवे आ सुनल जात रहल हवे बन्द होगईल बा कलैया उपमहानगरपालीका २ के जयनारायण महतो जनकारी करावले बाडन ।

शनिचर, सोमार आ मगर के दिन विशेष कर के मठ मन्दिर मे धार्मिक किर्तन भजन गावे के आ कथा कहे के भगत लोग के सहभागिता रहत रहल हवे माकिर लकडाउन से प्रभावित भईल बा प्रवेश यादव बतावले बाडन ।

मस्जीद मे सुबह के पाच बजे नेवाज पढेवाला आवाज सुनल जात रहल जवना से सुतल आदमी सुबह होगईल आ दुपहरीया के एक बजे के समय मे जेवाज पढल सुन के खेत मे काम करेवाला लोग समय के सकेत मिलत रहल हवे आजकल सुनल ना जारहल शारदा राम बतावले बानी ।

कोरोना भाईरस से लडेला जनता सब मे चेतना आ लकडाउन के पालना करे के अभ्यास बढल जारहला से धार्मिक संस्था मे रेडियो बजावल कम भईल जारहल समाज सेवी रमेश साह जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।