सशस्त्र पुलीस जनानी के पिटल कहत भिस्वावासीद्धारा विरोध

वीरगंज १० बैशाख

सशस्त्र पुलीस जनानी के पिटल कहत पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ भिस्वा के बासिन्दा विरोध मे उतरल बाडन ।

भिस्वा सीमा नाका होत भारत पुग के तरकारी खरिद करके फिर्ता भईल जनानीलोग के चहेंटके पिटपाट कईल कहत स्थानीय लकडाउन उल्लङ्घन करत सीमा सुरक्षार्थ खटल सशस्त्र के विरोध कईले बाडन ।

स्थानीय बासिन्दा सशस्त्र पुलीस उपर पथल भी चलावल आ सशस्त्र पुलीस भी भिड के नियन्त्रण मे लेवे खातिर लाठी प्रहार कईल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन ।

स्थानीय आ सशस्त्र पुलीस बीच तनाव बढला के बाद आउर सुरक्षाकर्मी परिचालन करके स्थिति नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे ।

सीमापारि सिक्टा बजार से तरकारी किन के आरहल दु जने जनानी के भिस्वा सीमा नाका मे खटल सशस्त्र पुलीस पिटपाट कईला के बाद स्थानीय सशस्त्र पुलीस के विरोध मे उतरल स्थानीय आलोक कुशवाहा बतवनी ।

‘लकडाउन सुरु भएदेखि भिस्वामा तरकारी र खाद्यान्नको पसल खुलेको छैन’ उनले भने, ‘ सीमावर्ती भारतीय बजार जान पनि पाइएको छैन, दुईजना महिला गएर तरकारी लिएर आएछन्, सशस्त्र प्रहरीले कुटपिट गर्रुयो । त्यसैले गर्दा स्थानीय आक्रोशमा आएका हुन् ।’

सशस्त्र पुलीस आपना खातिर तरकारी आ खाद्यान्न सीमावर्ती बजार से लिया रहल आरोप स्थानीय के बा । यद्यपि, सशस्त्र पुलीस आरोप झुठा भईल बतवले बा ।

नेपाली बजार से खाद्यान्न सामान सस्ता मे मिलेवाला भईला से सीमावर्ती क्षेत्र के बासिन्दा किनमेल के खातिर भारतीय बजार मे किनमेल करेलन ।

दोसर स्थानीय इमरान समानी कि भारत मे लागेवाला बजार मे जाए देवेके कि भिस्वा मे जरुरी समान के प्रवन्ध होखेके बतवनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह स्थानीय आ सशस्त्र पुलीस बीच विवाद भईल आ स्थानीय के सम्झा बुझा के घटना साम्य बनावल गईल बतवनी ।

सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दीपेन्द्र कुँवर लकडाउन मे सीमावर्ती बजार जाएके खोजल जनानी के रोकला पर स्थानीय विरोध कईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।