तिन भारतीय मे कईसे भईल कोरोना ? पत्ता लागे ना सकल

वीरगंज ०३ बैशाख,

वीरगंज मे रहल तीन भारतीय नागरिक के कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल चार दिन अर्थात ९६ घण्टा भईला पर भी उलोग के कहाँ से संक्रमण भईल कहके अभी भी पत्ता लागे नइखे सकल ।
स्वास्थ्य सेवा विभाग से खटल डा. नरेन्द्रकुमार खनाल भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण कईसे भईल कहके पत्ता लगावे ना सकल बतवनी ।

‘उलोग के सम्पर्क मे जे रहनी, पहिचान भईल, संक्रमण भईल ना भईल परीक्षण के खातिर थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन करके पठावल गईल बा’ कहत उ ‘माकिर चार दिन बितला पर भी कहाँ से संक्रमित भईलन कहके रुट (जरा) पत्ता लागे सकल नइखे ।’

भारत से आके वीरगंज के छपकैयास्थित मक्की जामे मस्जिद मे रहल उलोग मे संक्रमण भईल २९ गते रात मे हि पुष्टि भईल रहे, जेकर औपचारिक घोषणा बिहान भईला सबेरे मात्र भईल । तीनु जने के अभी वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे ईलाज हो रहल बा ।

उलोग के सम्पर्क मे आईल ४७ जने के पहिचान करके नमुना परीक्षण के खातिर हेटौंडा पठावल गईल खनाल जानकारी देहनी । संक्रमितलोग रहल वीरगंज महानगरपालिका–२ छपकैयास्थित मक्की जामे मस्जिद क्षेत्र के सिल कईल बा ।

संक्रमित पुगल क्षेत्र मे ¥यापिड टेष्ट होखी
तीन जने संक्रमित मुस्लिम जमाती पुगल क्षेत्र मे बियफे से ¥यापिड टेष्ट शुरु करेके जनावल बा । संक्रमित पुगल क्षेत्रसब के पहिचान हो चुकल सरकारी अधिकारी के दावी बा ।

पहिलका चरण मे पिछिलका दिन मे संक्रमित रहल वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १, २ आ ३ के मस्जिद क्षेत्र आ वीरगंज–२६ सुगौली मे ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेष्ट (आरडीटी) विधि से संक्रमण भईल ना भईल जाँच कईल जाई ।

कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ आ ट्राभल हिष्ट्री के आधार मे उलोग रहल क्षेत्र आसपास के आदमीसब मे कोरोना संक्रमण जाँच करे लागल जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर चौरसिया बतवनी ।

‘संक्रमित जहाँ जहाँ रहल रहलन, उ क्षेत्र के समुदाय मे संक्रमण भईल ना भईल जाँच करे खातिर ¥यापिड टेष्ट करेके तइयारी हो रहल बा’ कहत उ, ‘बिहान से काम शुरु होखी ।’

ओकरा खातिर स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से आईल टोली, जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा, वीरगंज महानगरपालिका आ नारायणी अस्पताल के स्वास्थ्यकर्मी टोली परिचालन होखिहें ।
नारायणी अस्पताल मे ७ सय आ जनस्वास्थ्य मे ५ सय थान ¥यापिड टेष्ट किट रहला से किट के कमी ना होखेके दावी उनकर बा ।

जिल्ला जनस्वास्थ्य पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे क्वारेन्टाइन मे राखल आदमीसब के भी ¥यापिड टेष्ट कर रहल बा । बुध तक पर्सा के पकाहामैनपुर, पर्सागढी, धोविनी, छिपहरमाई लगायत स्थानीय तह मे ४७ जने के टेष्ट कईल आ सभी रिपोर्ट नेगेटिभ आईल कार्यालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।