लकडाउन मे किसान के प्रोत्साहन जरुरी बा : मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, ४ वैशाख,
वागमती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल लकडाउन समय मे किसान के प्रोत्साहन कईल जरुरी रहल बतवले बानी । भिडियो कन्फेरेन्समार्फत प्रदेश के अनेकन स्थानीय तह के प्रमुखलोग से छलफल करत उ कोरोनाविरुद्ध सामाजिक आ व्यक्तिगत दुरी कायम करत उत्पादन मे लागेके बतवले बानी ।
पौडेल माहामारी नियन्त्रण के खातिर सरकार से आह्वान कईल लकडाउन के पालना करावे खातिर तथा लकडाउन के चलते सिर्जित समस्या निराकरण करेके एवं भाइरस फईले ना देवे खातिर पालिका से खेलल भूमिका के सराहना कइनी ।
मुख्यमन्त्री पौडेल महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी पूर्वाधार तइयार करे खातिर निर्देशन देत केन्द्र भा प्रदेश सरकार के अलगे बजेट के प्रतीक्षा ना करे खातिर निहोरा कइनी । पालिका मे भईल बजेट खर्च करेके उनकर तर्क रहे ।
“स्थानीय सरकार सँगे भईल पईसा सरकार के पईसा ह, उ खर्च करेके पडि, अभी जरुरत जाथि बा ओमे खर्च करेके बा बाँकी काम धिरे धिरे करत जाएके बा”, कहके बतवनी । मुख्यमन्त्री पौडेल स्थानीय निकाय के कोष मे भईल रकम खर्च कईला पर पारदर्शिता अपनावे खातिर सुझाव देहनी ।
पौडेल लकडाउन के चलते समस्या मे पडल परिवार के राहत बाँटेके काम मे अनावश्यक प्रतिस्पर्धा देखल गईल कहत ओकरा से विकृति लियावे सकेके ओरी सचेत होखे खातिर निहोरा कइनी ।
उ कहनी कि, “राहत जरुरी भईल के खातिर मात्र होखेके जगहा मे लकडाउन शुरु भईल से हि बाँटे लागल आ ओमे भी अनावश्यक प्रतिस्पर्धा देखल बढिया संकेत ना ह ।” कोरोना के माहामारी फईले ना देवे खातिर लकडाउन बाहेक कउनो भी विकल्प ना भईल माहामारी अवस्था आवे ना देवे खातिर निर्मम होके लकडाउन के कार्यान्वयन करेके उनकर कहनाम रहे ।
मुख्यमन्त्री पौडेल आजु चितवन के भरतपुर महानगरपालिका के आ माडी नगरपालिका प्रमुख, सिन्धुली के मरिण आ सुनकोशी गाँवपालिका, कमलामाई नगरपालिका, रसुवा के गोसाईकुण्ड गाँवपालिका तथा सिन्धुपाल्चोक के बारबिसे नगरपालिका के प्रमुख से भिडियो कन्फेरेन्स मार्फत छलफल कईले बानी ।






