कलैया मे राहत स्वरुप बाँटल दाल गुणस्तरहीन रहल प्रमाणित

बारा ०५ बैशाख,
बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. २० मे वितरण करे लागल रहर के दाल गुणस्तरहीन रहल मिलल बा । खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय हेटौंडा मे परीक्षण के समय मे दाल गुणस्तरहीन रहल मिलल बा ।
रहर के दाल के मिलल नमुना नेपाल सरकार से तोकल अनिवार्य गुणस्तर मुताविक ना मिलल वरिष्ठ खाद्य अनुसन्धान अधिकृत एवं कार्यालय प्रमुख सोमकान्त रिजाल बतवले बानी ।
दाल के नमुना मे जैविक पदार्थ के मात्रा बहुते कम, किरा से दाना मे नोक्सानी पुगावल आ क्षतिग्रस्त दाना के मात्रा बेसी देखल गईल रिपोर्ट मे उल्लेख बा । कलैया वार्ड नं. २० बसतपुर मे बाँटे लागल रहर के दाल गुणस्तरहीन भईल सिकाईत अईला के बाद एक हप्ता पहिले पुलीस २५ बोरा दाल नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
अनुसन्धान के समय मे पुलीस दाल बिक्रीकर्ता यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर्स के ठेगाना पत्ता लगवले रहे । माकिर शनिचर के दिने तीन सय ८० बोरा दाल राखल कोल्ड स्टोर्स मे सिल करके परीक्षण के खातिर नमुना लेके हेटौंडा पठवले रहे ।
दाल गुणस्तहीन भईल रिपोर्ट आइल आ उ बारेमे आउर अनुसन्धान शुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता डिएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
‘हमनी नमुना संकलन करके पठावल दाल चाउर के रिपोर्ट आइल बा ।
चाउर ठिक रहल माकिर दाल गुणस्तरहीन खाए योग्य ना रहल मिलल बा’ डिएसपी मिश्र कहनी कि ‘यादव कोल्ड स्टोर्स मे के रखले बा, के किनले बा ? कम गुणस्तर के सामान राहत मे वितरण करेके काम मे के के संलग्न बा ? अनुसन्धान शुरु कईल गईल बा ।’
दाल बिक्री करेवाला दोकान कलैया उपमहानगरपालिका के नगरप्रमुख राजेश राय यादव के भईल समाचारसब भी आईल रहे । माकिर नगर प्रमुख राजेश राय यादव कोल्ड स्टोर्स आपन ना रहल स्पष्टिकरण देहले बाडन ।
उ २७ गो वार्ड अध्यक्षलोग आपन आपन वार्ड के बजेट के राहत सामान खरिद करके वितरण कर रहल आ आपन कउनो संलग्नता ना रहल बतावत आईल बाडन ।
धनलक्ष्मी दाल मिल वीरगंज के सञ्चालक तेजकरण शर्मा आपन मुन्सी गोल्डेन सिंह के पठाके कोल्ड स्टोर मे दाल भन्डारण कईल दावी नगर प्रमुख यादव के बा ।
धनलक्ष्मी दाल मिल भी विज्ञप्ति निकाल के २०७३ फागुन ४ गते यादव कोल्ड स्टोर मे ४३ हजार ७ सय ४० किलो रहर के गेडा आ ५८ हजार किलो दाल पशु आहार बनावे खातिर राखल बतवले बाडन । कोल्ड स्टोर्स मे राखल समय से कहुँ भी बिक्री ना भईल दावी उद्योग विज्ञप्ती मार्फत कईले बा ।





