धनुषा मे तीन दिन पहिले मृत्यु भईल पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधामा ३२ सावन

धनुषा मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । तीन दिन पहिले मृत्यु भईल एक पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जनकपुरधामस्थित काब्य हस्पिटल मे ईलाज करा रहल जनकपुरधाम उप महानगरपालिका १६ निवासी पुरुष के बितल शुक के दिने मृत्यु भईल रहे ।

४३ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईला के बाद अस्पताल मे स्वाब संकलन करके लास परिवारजन के जिम्मा लगावल गईल रहे ।

परिवार लास लेके अन्तिम संस्कार भी कईल अवस्था मे एतवार के रात मृतक पुरुष कोरोना संक्रमित भईल पुष्टि भईल बा ।

प्रादेशिक प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेमप्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।

बोखार आ सरदी खोकी से ग्रसित उ युवक के ईलाज के खातिर लियावल गईल रहे । एकरा सँगे धनुषा मे कोरोना संक्रमित होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ८ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।