लक डाउन के समय पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी बढल, सम्बन्धित निकाय मौन
मेघराज राय
जीराभवानी ०५ बैशाख
लकडाउन के समय मे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी बढल बा । जिल्ला के जगरनाथपुर गाँवपालीका, जीराभवानी गाँवपालीका, पटेर्वा सुगौली गाँवपालीका, पर्सागढी नगरपालिका, ठोरी गाँवपालीका लगायत के गाँवपालिका आ नगरपलिका मे कालाबजारी करेवाला के संख्या बढत गईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
खाद्यान्न सामान मे गाँव घर मे रहल दोकानदारलोग कालाबजारी कर रहल स्थानिय सिकाईत कईले बाडन ।
दोकानदारलोग प्रति बोरा ९०० सय पडेवाला सोनामन्सुली चाउर १३०० मे, प्रति किलो १ सय ६० रोपेया पडेवाला खाएवाला तेल २ सय २० रोपेया, प्रति किलो ८० पडेवाला चिनि १२० रोपेया, प्रति किलो ३५ रोपेया पडेवाला आलु प्रति किलो ६० रोपेया, कपडा फिंचेवाला साबुन २० पडेवाला प्रति पिस ३० रोपेया, प्रति किलो ५० रोपेया पडेवाला चिउरा ८० रोपेया, १०० के रिचार्ज कार्ड १०५ से ११० रोपेया तक ले रहल जीराभवानी के स्थानिय वासिन्दा सिकाईत कईले बाडन ।
लकडाउन के समय मे कालाबजारी ना करे खातिर प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लाल बाबु राउत बेर बेर निहोरा कईला पर भी पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी रुकल नइखे ।
एहितरे ठोरी गाँवपालिका के प्रमुख पदमलाल श्रेष्ठ ठोरी गाँवपालिका भितर मे कालाबजारी भईला पर कारवाही होखेके बतवले बानी ।
लकडाउन के चलते दैनिक गुजारा चलावे मे समस्या पडल समय कालाबजारी करेवाला दोकानदारलोग के कउनो भी हालत मे ना छोडेके चेतावनी भी देहल गाँवपालीका प्रमुख श्रेष्ठ बतवले बानी ।






