भारतीय नागरिक नेपाल घुसे लागला के बाद बारा मे हवाई फायर

वीरगंज २५ बैशाख
लकडाउन मे दु भारतीय नागरिक नेपाल घुसेके खोजला के बाद बारा के सुवर्ण गाँवपालिका– ३ कबहीगोठ पचगछिया क्षेत्र तनावग्रस्त बनल रहे ।
भारतीय सशस्त्र पुलीस के ड्युटी पोष्ट हि भस्कावे के खोजला के बाद सशस्त्र पुलीस एक राउण्ड हवाई फायर भी कईले बा ।
भारत के बिहार राज्य अन्तर्गत पडेवाला हनुमाननगर गाँव से दु गो गाडी सहित नेपाल प्रवेश करेके खोजल भारतीय नागरिक हाथपात आ ईटापथल चलईला के बाद सशस्त्र पुलीस हवाई फायर करके भीड के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
नेपाली सुरक्षाकर्मी के भारतीय आक्रमण करेके खोजला के बाद नेपालीलोग भी प्रतिकार के खातिर पुगल रहलन । दुनु देश के सुरक्षाकर्मीलोग उलोग के सम्झा बुझा के घर फिर्ता पठवले बाडन ।
स्थानीय के मुताविक भारत के सीमावर्ती गाँव हनुमाननगर के कैयन बासिन्दा के खेत मे जाए खातिर नेपाल के रास्ता प्रयोग करेके बाध्यता बा ।
उ क्षेत्र मे २०÷२५ बिगहा जमिन मे उलोग बाली लगवले बाडन ।
लकडाउन के बाद उलोग के नेपाल ओरी आवेमे रोक लगावल गईल बा । एक–एक जने करके आवेके कहला के बाद नेपाली सुरक्षाकर्मी नेपाल प्रवेश करे ना मिलेके अडान राखत आईल रहलन ।
माकिर खेत मे तइयार भईल तरकारी लगायत के बाली लियावे के आ नयाँ बाली लगावे ना मिलल कहत हनुमानगर के बासिन्दा आक्रोशित बनल बाडन ।
सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नं ३ के वार्ड अध्यक्ष महेन्द्र प्रसाद यादव बहुते संख्या मे भारतीय नागरिक नेपाल प्रवेश करेके खोजला के बाद स्थिति तनावपूर्ण बनल माकिर अभी सामान्य भइल बतवनी ।
“सीमावर्ती हनुमान नगर गाँव के बासिन्दा पानी पडल समय मे नेपाल घुसेके खोजले रहलन,” कहत उ, “ नेपाली प्रशासन रोकला के बाद उलोग हाथपात मे उतरल रहलन ।
स्थानीय नेपाली भी प्रतिकार मे उतरल रहलन । उ क्षेत्र कुछ देर तनावपूर्ण बनल रहे ।
सुरु मे दु जने भारतीय नेपाल प्रवेश करेके खोजला पर सीमा क्षेत्र मे खटल सशस्त्र प्रहरी रोकले रहे ।
ओकरा बाद फिर्ता गईल उलोग आउर आदमीसब सहित आके सशस्त्र पुलीस के पोष्ट हि भसकईला के बाद भीड नियन्त्रण के खातिर एक राउण्ड हवाई फायर करेके पडल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिग्विजय सुवेदी जानकारी देहनी ।
“दु जने भारतीय नेपाल घुसेके खोजले रहलन, माकिर बाद मे उलोग सय डेड सय आदमीसब लेके आईल रहलन,” कहत उ, “सीमा मे निर्माण कईल ड्युटी पोष्ट हि तोडफोड कईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर एक राउण्ड हवाई फायर कईल गईल बा । अभी स्थिति नियन्त्रण मे आईल बा ।”






