वीरगंज के गण्डक अस्पताल के कोभिड अस्पताल बनावे खातिर महानगरपालिका आ अस्पताल बिच सहमती

वीरगंज ०६ बैशाख,
वीरगंज स्थित गण्डक अस्पताल के कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर विशेष अस्पताल बनावेके जनावल गईल बा । वीरगंज महानगरपालिका आ अस्पताल बीच कोभिड अस्पताल बनावे के विषय मे सहमति भईल बा ।
नेकपा वीरगंज महानगर कमिटी अध्यक्ष भी रहल सञ्चालक रहबर अन्सारी विषम परिस्थिति के मध्यनजर करके महानगरपालिका के कोभिड अस्पताल सञ्चालन करे देवेके घोषणा कईले रहलन ।
महानगरपालिका वीरगंज के निजी अस्पताल से प्रस्तावना माँगला पर भी आउर कउनो अस्पताल प्रस्ताव हि पेश ना कईलख । गण्डक अस्पताल मे १० बेड के आईसीयू आ ३ गो भेन्टिलेटर बा ।
अस्पताल आ महानगरपालि के बीच भईल १३ बुँदे सम्झौता पत्र मे निःशुल्क रुप मे अस्पताल भवन, शय्या तथा भवन मे जडित प्रयोग हो रहल सभी उपकरणसब उपलब्ध करावेके, अस्पताल के व्यवस्थापन, उपकरण के मर्मत सम्भार खर्च, जेनेरेटर, विद्युत महसुल, खाना खर्च लगायत आउर सञ्चालन खर्च महानगरपालिका से तिरेके उल्लेख बा ।
महानगरपालिका २४ घण्टा भितर कोभिड अस्पताल मे परिणत करेके आ उहाँ रहल मरेजीलोग के व्यवस्थापन महानगरपालिका से करेके, चिकित्सक तथा आउर जनशक्ति के व्यवस्थापन के खातिर गठन करेके प्राविधिक समिति के संयोजक नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट के निर्देशन मुताविक होखेके सम्झौता मे उल्लेख बा ।
एहितरे तीन महिना के खातिर कईल सम्झौता जरुरी पडल अवस्था मे आपसी सहमति मे आउर करे सकेके, दुनु पक्ष मिल के फुहर के व्यवस्थापन करेके, कोभिड–१९ अस्पताल मे खटेवाला जनशक्ति के क्वारेन्टाइन, खाना तथा यातायात के व्यवस्था के साथे तलब, भत्ता, इन्स्योरेन्स तथा क्षतिपूर्ति नेपाल सरकार के नियम मुताविक महानगरपालिका से व्यवस्थापन सहजीकरण करेके सहमति भी भईल बा ।
विरामीहरुको उपचारमा लाग्ने औषधी, आवश्यक जाँच (ल्याब, एक्सरे, युसिजी, ईसिजी) लगायत के सभी मेडिकल किट आ व्यक्तिगत सुरक्षा उपकरण (पीपीई) आ जरुरी थप औजार उपकरणसब के व्यवस्थापन महानगर हि करेके सम्झौता भईल बा ।
प्रस्तावित गण्डक अस्पताल के कोभिड अस्पताल बनावे खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय के टोली शनिचर के दिने हि अनुगमन भी कईल महानगरपालिका के सल्लाहकार गोविन्द देवकोटा जानकारी देहनी ।






