पुलीस के साथ बोलचाल कईल आरोप मे बारा के पत्रकार दुवे पकडईलें

वीरगंज १५ सावन

पर्सा पुलीस बारा के पत्रकार उमेश दुवे के नियन्त्रण मे लेके मुद्दा चलवले बा ।

बारा के फेटा गाँवपालिका फुलवरिया निवासी टिभि टुडे प्रदेश २ के प्रमुख दुवे के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के अपराध अनुसन्धान शाखा (क्राइम ब्रान्च) के टोली बुध के दिने वीरगंज स्थित माई टिभि के कार्यालय अगाडी से नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

ओकरा से पहिले बुध के सबेरे पत्रकार दुवे आ पर्सा प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त सहित के डिउटी मे खटल पुलीस बिच वीरगंज पावर हाउस चोक मे विवाद भईल रहे ।

मुख्य सडक होके जाएके बिषय मे भईल विवाद के बाद पत्रकार दुवे आपन फेसबुक मे एगो स्टेटस लिखले रहलन ।

उहे बिषय के लेके पर्सा पुलीस के क्राइम ब्रान्च के टोली उनका के नियन्त्र मे लेहल बुझल गईल बा ।

माकिर बियफे के दिन मात्र पत्रकार दुबे उपर पुलीस सार्बजनिक शान्ति कसुर विरुद्ध के मुद्दा दर्ता करके म्याद थमवले बा ।

पर्सा प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक मनोजित कुँवर दुवे उपर सार्वजनिक शान्ति विरुद्ध खसूर मे मुद्दा दर्ता कईल बतवनी ।

उ डिउटी मे खटल पुलीस के मिस विहेभ कईल कसुर मे सार्बजनिक शान्ति विरुद्ध के मुद्दा दर्ता करके अनुसन्धान के खातिर १० दिन म्याद थप करावल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।