उदयपुर मे रहल आउर एक भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु ६ वैशाख

नेपाल मे आउर एक जने भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका भुल्केस्थित मस्जिद मे रहल आउर एक जने भारतीय नागरिक मे शनिचर के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय शनिचर के दिने ६५ बरीस के एक पुरुष मे कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि कईले बा ।

इपिडिमियोलोजी तथा सरुवा रोग नियन्त्रण महाशाखा के प्रमुख डा. बासुदेव पाण्डे के मुताविक विराटनगर के कोशी अञ्चल अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर उ भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा से पहिले शुक के दिने उदयपुर के भुल्केस्थित मस्जिद मे रहल ११ जने भारतीय आ एक नेपाली नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

कोरोना संक्रमित उ भारतीय नागरिक आ आउर तीन नेपाली शुक के दिने रात मोरङ के टाँडीस्थित क्वारेन्टाइनस्थल मे लेगईल गईल रहे ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ३१ पुगल बा । जउना मे से दु जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।