वीरगंज के ४ संक्रमित मेसे ३ जने के दुसरका रिपोर्ट भी पोजेटिभ

वीरगंज ०७ बैशाख,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल चार जने कोभिड–१९ संक्रमित मेसे तीन जने के दुसरका परीक्षण के रिपोर्ट पोजेटिभ हि देखल गईल बा । एक जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

वीरगंज–२ छपकैयास्थित मक्की जामे मस्जिद मे रहल आईल तीन जने भारतीय जमाती मे एक हप्ता पहिले कोभिड–१९ के संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

रौतहट से पठावल गईल संक्रमित एक युवक के ईलाज भी नारायणी अस्पताल मे हि हो रहल बा । उलोग मे से केकर रिपोर्ट नेगेटिभ कहके खुलावल नइखे । उलोग के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य हि रहल अस्पताल जनवले बा ।

नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय तिसरका चरण के परीक्षण के खातिर एतवार के दिने थ्रोट स्वाब नमुना संकलन करके प्रयोगशाला पठावल जानकारी देहनी ।

वीरगंज मे पीसीआर मेसिन अइला पर भी जरुरी आउर समान ना भईला से ल्याब सञ्चालन होखे नइखे सकल । ओहिसे थ्रोट स्वाब संकलन करके वाग्मती प्रदेश के राजधानी हेटौंडास्थित प्रादेशिक प्रयोगशाला मे पठावल जा रहल बा ।

संक्रमित भारतीय नागरिक पुगल क्षेत्र मे एतवार के दिने भी ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेस्ट (आरडीटी) विधि से कोरोना के एन्टिबडी परीक्षण कईल बा ।

एतवार के मात्र सुगौली मे तीन सय ४० जने के आरडीटी कईल बा । एकरा से पहिले वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १, २ आ ३ वार्ड २६ सुगौली क्षेत्र के मस्जिद आसपास मे १२ सय ५३ जने के आरडीटी परीक्षण कईल रहे ।

सभी के एन्टिबडी नेगेटिभ देखल गईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर चौरसिया जानकारी देहनी ।

“संक्रमित जमाती पुगल क्षेत्र मे ¥यापिड डाइग्नोष्टिक टेस्ट कईल बा । सभी के एन्टिबडी रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा” कहत उ, “संक्रमण स्रोत पत्ता ना लागला पर भी अभी तक के अध्ययन से स्थानीय संक्रमण ना होके ई आयातित संक्रमण ह कहके बुझल बा । आउर मे पाटल भी देखल गइल नइखे ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।