सरकारी कार्यालय हि ना तिरलख विद्युत महशुल

राजविराज १० माघ,
सप्तरी के सरकारी कार्यालय नियमित विद्युत महशुल ना तिरल मिलल बा । राजविराज नगरपालिका, सप्तरी कारागार, जिल्ला समन्वय समिति लगायत सरकारी कार्यालय से उपयोग कईला बापत के करोडो महशुल बुझावे के बाँकी रहल मिलल बा ।

नेपाल विद्युत प्राधिकरण वितरण केन्द्र राजविराज के मुताविक सरकारी कार्यालय नियमित विद्युत महशुल ना बुझईला पर बक्यौता रकम बढ के रू. २६ करोड ४ लाख १३ हजार पुगल बा । राजविराज नगरपालिका मात्र १ करोड ३७ लाख २३ हजार ६ रोपेया बक्यौता बुझावे के बाँकी बा ।

नगरपालिका सडक बत्ति के रू. १ करोड १९ लाख १६ हजार ३ सय ८३, राजविराज गेस्ट हाउस के रू. ४ लाख २ हजार ९ सय ७ आ कार्यालय के रू. १४ लाख ३ हजार ७ सय १४ महशुल असुल होखेके बाँकी रहल केन्द्र के इन्जिनियर आमोदकुमार यादव जानकारी देहनी । एहितरे राजविराज कारागार रू. ८ लाख ८५ हजार १ सय ७७ आ जिल्ला समन्वय समिति रू. ७ लाख ५० हजार ७ सय २४ बाँकी रहल उ बतवनी ।

बक्यौता बढत गईला के बाद केन्द्र बितल सावन से अगहन तक ४०० से बेसी ग्राहक के विद्युत् लाइन काट के रू. १ करोड सेय बेसी असुली कईले बा । ई समय मे विद्युत चोरी करेवाला ३ सय ७३ जने के कारबाही करके २१ लाख रोपेया से बेसी पइसा असुली कईल केन्द्र बतवले बा । कार्यालय से कडाइ करे लागला के बाद चुहावट घटावल गईल यादव के दाबी बा ।

अभी २२ दशमलव ७३ प्रतिशत मात्र चुहावट रहल उ जानकारी देहनी । चुहावट बढला के बाद अभी टोली परिचालन करके हुकिङ बन्द करेके, आदमी आ उपकरण नियन्त्रण करेके, जरिवाना करेके लगायत काम शुरू कईल केन्द्र बतवले बा ।

बितल आर्थिक बरीस के सुरूवात तक ५२ दशमलव ६ प्रतिशत रहल विद्युत चुहावट पिछिलका १० महिना मे ३९ दशमलव ९ प्रतिशत मे पुगल रहे । चुहावट के चलते २ बरीस पहिले तक सप्तरी मे देश के सबसे बेसी लोडसेडिङ होत आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।