पईसा छिटेवाली जनानी मे कोरोना संक्रमण नईखे

जनकपुरधाम ७ वैशाख
जनकपुर मे पईसा छिटके आरोप लागल जनानी के कोरोना संक्रमण ना भईल मिलल बा ।
पईसा छिटल आरोप मे पकडाईल दु जने जनानी मेसे एक जने मे ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेस्ट (आरडीटी) विधि से परीक्षण कईला पर कोरोना एन्टीबडी पोजेटिभ देखल गईल रहे ।
माकिर उ जनानी के प्रयोगशाला मे आरटी पीसीआर विधि से कोरोना संक्रमण परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण ना भईल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला जानकारी देहनी ।
बितल शुक के दिने जनकपुरधाम के महाबीर चोक मे १० रोपेया के १५ गो नोट छिटके ई दु जनानी भागल रहली ।
ई दुनु जने के पुलीस शनिचर के दिने जनकपुरधाम वार्ड नम्बर ७ जानकीनगर से नियन्त्रण मे लेके प्रादेशिक अस्पताल मे ¥यापिड टेस्ट करवले रहे । ¥यापिड टेस्ट पोजेटिभ देखल गईला के बाद उलोग के अस्पताल के आइसोलेसन मे राखल गईल रह ।





