हद हो गईल वार्ड अध्यक्ष कानु के अत्याचार, कारवाही के माग

पोखरिया १७ माघ,
पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिकाका वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष काँवरीया बाबा लोग उपर दुव्र्यवहार कईले बाडन ।
भारत के त्रिवेणी से तिर्थयात्रा करके घर फिर्ता आवेके समय मे छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं. ५ के वार्ड कार्यालय परिसर मे आश्रय लेके बईठल कँवरथुवा बाबालोग के वार्ड अध्यक्ष मौजीलाल साह कानु दुव्र्यवहार कईले बाडन ।
पर्सा के मिर्जापुर कँवरथुवालोग माघे सक्रान्ति के दिन भारत के त्रिवेणी स्थित शिवालय मे जल चढा के घर फिर्ता आवेके समय रात के अवेर भईला के बाद वार्ड कार्यालय मे आश्रय लेके बईठल रहलन ।
उहे सडक होत हरेक दिन होखेवाला गिट्टी बालु के तस्करी काम के निरन्तरता देवे खातिर वार्ड अध्यक्ष लगायत ओकर हर्ताकर्ता कँवरथुवालोग के दुव्र्यवहार कईला के साथे लात से मारल, जल गिरावल जइसन अभद्र व्यवहार कईले बाडन ।
हरदम रात के समय मे भारत ओरी गिट्टी बालु तस्करी मे सहजोग करत आईल वार्ड अध्यक्ष के उ दिन गिट्टी बालु तस्कर के सहजोग कईला पर कवँरथुवालोग देखे के डर से वार्ड अध्यक्ष आपन समूह मे आपन हर्ताकर्ता के दारु पिके आ पिया के उलोग उपर दुव्र्यवहार करावल स्थानियबासी आरोप लगवले बाडन ।
रात के समय मे गिट्टी बालु तस्कर के सहजोग करे खातिर दर्शनार्थीलोग उपर दुव्र्यवहार करेवाला वार्ड अध्यक्ष लगायत के समूह के कारवाही के दायरा मे ना लिअईला पर ताण्डव से सिमा पार करेमे दु मत नइखे ।
हरदम आतँक मच्चावे मे परिकल वार्ड अध्यक्ष ई बेर भगवान के दर्शन करे गईल दर्शनार्थीलोग उपर दुव्र्यवहार कईला से पर्सा के मिर्जापुर निवासी स्थानीयलोग आक्रोशित होके पुलीस चौकी भिस्वा घेराव कईले रहलन ।
कँवरथुवालोग उपर वार्ड अध्यक्ष लगायत के समूह से दुव्र्यवहार कईल कहके विरोध मे उतरल स्थानीयलोग के पुलीस चौकी भिस्वा मे राख के पुलीस के रोहबर मे वार्ड अध्यक्ष से माफी मगा के सहमति करावल समाचार मे जनावल गईल बा ।





