समूह मे नमाज ना पढे खातिर सरकार के निहोरा

काठमाण्डु ९ वैशाख
सरकार समूह मे पूजा आ प्रार्थना ना करे खातिर निहोरा कईले बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक समूह मे नमाज ना पढेके आ भोज ना करेके विषय मे मुस्लिम आयोग से भी छलफल भईल रहे ।
मुस्लिम समुदाय के सब से प्रमुख चाड रमजान अप्रिल २३ से सुरु होत बा आ ई एक महिना लम्हर होखी । एमे मुस्लिम धर्मावलम्बीलोग मस्जिद मे जाके समूह मे नमाज पढेके आ अन्तिम मे भोज करेलन ।
माकिर, कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण फईले ना देवे खातिर सकेभर घर मे रहके नमाज पढेके तथा आपन धर्म मुताविक के पूजा करे खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय निहोरा कईले बा ।
जमातीलोग के परीक्षण कईल जाई
मुस्लिम आयोग आ मन्त्रालय के अधिकारीलोग बीच भईल छलफल मे नेपाल मे रहल जमातीलोग के कोरोना भाइरस के परीक्षण दायरा मे लियावे के सहमति भईल बा ।
साथे, उलोग रहल मस्जिद आ आसपास के क्षेत्र मे भी परीक्षण करेके आ उलोग के मदरसा मे क्वारेन्टाइन मे राखल जाई । एकरा खातिर मुस्लिम आयोग अनुगमन समिति भी बनाई आ मस्जिदसब मे जाके अनुगमन करी ।






