
काठमाण्डु १२ माघ,
प्रतिनिधिसभा के खाली सभामुख मे सत्तारूढ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के नेता अग्निप्रसाद सापकोटा सर्वसम्मतरूप मे निर्वाचित भईल बानी ।
बईठक मे सभामुख के हैसियत मे रहल ज्येष्ठ सदस्य महन्थ ठाकुर सभामुख पद के खातिर एक मात्र उम्मेदवारी के सूचना प्राप्त भईला से प्रतिनिधिसभा नियमावली, २०७५ बमोजिम सापकोटा सर्वसम्मतरूप मे निर्वाचित भईल घोषणा कईले बानी ।
बईठक मे सभामुख के उम्मेदवार के सूचना सम्बन्धी प्रस्ताव प्रस्तुत करत नेकपा संसदीय दल के उपनेता सुवासचन्द्र नेम्वाङ पारदर्शिता आ जवादेहिता के आधार मे सदन के काम कारवाही मे जउन भूमिका निर्वाह करेके चाहिं, ओमे सिङ्गो संसद् के विश्वास मे लेके काम करिहें कहके विश्वास के साथ सापकोटा के प्रस्ताव कईल गईल बा कहनी । ब
मे उनकर विकल्प मे आउर कउनो उम्मेदवारी ना पडला से खुदसब के चयन उपयुक्त रहल बा कहके देखल गईल उ बतवनी ।
प्रस्ताव उपर उहे पार्टी के प्रमुख सचेतक देवप्रसाद गुरुङ आ ओनसरी घर्ती तथा राष्ट्रिय जनता पार्टी के लक्ष्मणलाल कर्ण समर्थन कईले रहनी । पूर्वसभामुख घर्ती कहनी कि, ‘‘सापकोटा के एकमात्र उम्मेदवारी पडला से सहमति के वातावरण बनल बा, शान्ति प्रक्रिया के बाँकी काम तथा राष्ट्रिय मामिला के विषय मे काम करेमे सहज होखी ।’’
उ तीन दशक लम्हर शैक्षिक क्षेत्र मे अनुभव के साथे जनयुद्ध आ शान्ति प्रक्रिया मे भूमिका निर्वाह कईला से सापकोटा के उम्मेदवारी उपयुक्त भईल उ बतवनी । सांसद घर्ती कहनी कि, “उनका मे सांसद आ मन्त्री के भी अनुभव बा, उ राजनीति मे इमान्दार आ निष्ठावान् नेता बानी ।
बिहान के दिन मे प्रतिनिधिसभा के तटस्थ, सन्तुलित आ जनपक्षीयरूप मे कुशल नेतृत्व देवेके कहके हमरविश्वास बा ।”
प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस के डा मीनेन्द्रप्रसाद रिजाल सापकोटा के सत्तारूढ दल के यथेष्ट मत रहल आ आपन उम्मेदवार तोकल स्थिति मे सभामुख तटस्थ रहेवाला आदमी भईला से आपन पार्टी से उम्मेदवारी ना देवेके निर्णय संसदीय दल के बईठक से कईल जानकारी देहनी ।
उ खुदसब उपसभामुख पद लेवे खातिर सभामुख मे उम्मेदवारी ना देहल स्पष्ट करत कहनी कि, “संविधान से दु पद मे फरक फरक पार्टी के उम्मेदवार होखेके उल्लेख कईला से ओमे सत्तापक्ष से हि विचार करी माकिर हमनी उपसभामुख के खातिर हाथ मे कमण्डलु लेके नइखी चलल ।
सभामुख के उम्मेदवार के बारे मे आजु उत्पन्न आशङ्का मेट करे खातिर बिहान के दिन मे आश्वस्त होखेवाला किसिम से काम करीं । हमनी सहजोग करे खातिर तइयार बानी ।” डा रिजाल आदमी के विषय मे काँगे्रस के समर्थन आ विरोध ना रहल भी स्पष्ट करत विधि के शासन आ लोकतान्त्रिक चरित्र के आधार मे जनता आ संसद् सदन उपर उत्तरदायी होखेके पडि कहके ध्यानाकर्षण करवनी ।
ज्येष्ठ सदस्य ठाकुर बईठक मे निर्वाचित भईला मे सापकोटा के बधाई देहनी । इहे माघ ६ गते के प्रतिनिधिसभा के बईठक से आजु के खातिर निर्वाचन के मिति निर्धारण कईले रहे । उ दिन के बईठक मे उपसभामुख शिवमाया तुम्बाहाङ्फे से देहल राजीनामा के बारे मे बईठक के जानकारी करवले रहनी ।
तत्कालीन सभामुख कृष्णबहादुर महरा जनानी उपर के यौन दुव्र्यवहार के विवाद के बाद बितल कुवार १५ गते उ पद से राजीनामा देहले रहनी । प्रतिनिधिसभा के दोसर बईठक इहे माघ १४ गते दिनके १ बजे बइठी ।





