कोरोना संक्रमित के संख्या ४२ पुगल

काठमाण्डु ९ वैशाख
उदयपुर मे आउर ११ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला के बाद नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ४२ पुगल बा ।
उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका क्षेत्र के वासिन्दा मे कोरोना संक्रमण जाँच कईला पर काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे ३ जने आ धरान के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा जानकारी देहनी ।
एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ४२ पुगल बा ।
उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका के मस्जिद मे रहल १३ जने मे एकरा से पहिले हि कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । मस्जिद रहल गाँव वक वासिन्दा के नमुना परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
मंगर के दिने पुष्टी भईल संक्रमितलोग मे १८, १८, २०, ३३, ४०, ४१, ४१, ५२ आ ५८ बरीस के पुरुष, ३६ बरीस के जनानी आ १ जने उमिर ना खुलल जनानी रहल बाडि ।





