मधेश प्रदेश मे शिक्षा सुधार सहित जनता मे पहुँच पुगेला २०९ गो संस्था काम कर रहल बा

मधेश प्रदेश मे शिक्षा सुधार सहित जनता मे पहुँच पुगेला २०९ गो संस्था काम कर रहल बा

प्रभु यादव

बारा २७ अगहन

बारा के कलैया मे समावेशी शिक्षा मे प्राप्त सिकाई अनुभव के आदान प्रदान कार्जक्रम भईल रहल । कार्जक्रम मे काठमाण्डु विश्व विद्यालय के प्रोफेसर रेवत कुमार ढकाल सन २०१९ मे अनुसन्धान कईला पर शिक्षा सुधार करेला मधेश प्रदेश मे दु सय ९ गो संस्था काम करत रहल देखल गईल सहजिकरण करत बतावले रहनी ।

बारा १०, पर्सा मे ९, रौतहट मे २१ आ सर्लाही मे १३ गो संघ संस्था शिक्षा क्षेत्र मे संचेतना सुधार के काम करहल प्रोफेसर ढकाल जनकारी करावले रहनी । नेपाल मे करिब ६० हजार के करिब मे गैर संघ संस्था रहल बा माकिर कुछही संस्था सब शिक्षा ओर काम कर रहल ढकाल बतावले बानी ।

शिक्षा जनता के जन्मसिद्ध अधिकार रहल बा माकिर पालिका, संघ सरकार, प्रदेश सरकार कार्य विधि ना बनावला से शिक्षा मे सुधार ना होखे सकल प्रोफेसर जनकारी करावले बानी । कुछ पालिका कार्य विधि बनाके कार्यनयन ना भईला से शिक्षा मे बढेसकल ढकाल बतावले बानी । शिक्षा के खातिर राष्ट्रिय अभियन के सचिव तेजराज अस्थी विद्यालय शिक्षा सम्बन्धि कानुनन संशोधन आ विकास करेला बनल विधेयक २०८० के विषय मे जनकारी करावले रहनी ।

सरोकारवाला संसद नेता सब से बातचित करके संशोधन करेला संस्था के तर्फ से वकालत कईल जनकारी करावले बानी ।शिक्षा के खातिर राष्ट्रिय अभियान के सहकार्य मे चार सय ७२ गो संघसंस्था कर के करिब ३२ गो जिल्ला मे काम करहल अस्थी बतावले बानी । नेपाल मे शिक्षा कानुन ५२ बरिस वाद संशोधन होरहल ओकर विशेष छलफल कर के संशोधन करेला पैरवी करहल बतावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल स्थानिय सरकार कर्मचारी सब के काम दवाके करारहल बतावले बानी । कर्मचारी जनप्रतिनिधि सब के जालझेल से दिक होकर के काम करेमे त्रृर्टी भईल बतावले बानी । स्थानिय सरकार के जनप्रतिनिधि लोग समाज मेही रहि माकिर कर्मचारी कही जाके काम करी विगडल केकर जनकारी करावल अस्थी बतावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा अधिकृत विजय अधिकारी एनजीओ से जवन जवन विद्यालय मे शिक्षा गतिविधि सुधार करेला काम निमन भईल बतावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका मे सामुदायीक विद्यालय ७१ गो रहल बा जवना मेसे ७ गो धार्मिक विद्यालय तीन गो प्राविधिक एगो नमुना विद्यालय रहल जनकारी करावले बानी । जन जागरण युवा क्लव से भिअसो एक्टीभ नेपाल के ठूलो दिदी सब सहकार्य कईल जगह मे सुधार भईल अधिकारी जनकारी करावले रहनी । शिक्षा के खातिर राष्ट्रिय अभियान संस्था के आयोजना आ जन जागरण युवा क्लव, प्रेरणा नेपाल, भिएसओ के सहकार्य मे भईल वजना के संघसंस्था के प्रतिनिधि, स्कुल के विद्यार्थी, मास्टर आ अभिभावक विद्यालय व्यवस्थापन समिति के सदस्य सहित के सहभागिता रहल रहे ।

करणराज पैलेस होटल मे भईल कार्जक्रम मे जन जागरण युवा क्लव के लजेस्टीक डकुमेन्ट्री अफिसर नरेश साह, एक्टीभ परियोजना कार्यक्रम संयोजक निशा पन्त, शिक्षाका लागि राष्ट्रिय अभियान परियोजना के कार्यक्रम संयोजक रोजिना श्रेष्ठ आ राष्ट्रिय स्वमसेवक आयुष क्षेत्री लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।