सचेत प्रयास से कोरोना सङ्क्रमण नियन्त्रण कईल जा सकता : मन्त्री भट्टराई

ताप्लेजुङ, १० वैशाख

संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयनमन्त्री योगेशकुमार भट्टराई सभी के सचेत प्रयास से मात्र कोरोना भाइरस नियन्त्रण होखेके बतवले बानी ।

आजु सबेरे ताप्लेजुङ के सञ्चारकर्मी से भिडियो कन्फरेन्स मार्फत छलफल करत मन्त्री भट्टराई कोरोना सङ्क्रमण के कउनो दवाई आ खोप विकास ना भईला से सचेतना से नियन्त्रण कईल हि पहिलका विकल्प भईल उल्लेख कइनी ।

सङ्क्रमण विरुद्ध सावधानी ना अपनावल देश मे देखल गईल सङ्कट आ शुरु से हि एकर नियन्त्रण मे लागल देश के अभ्यास से शिक्षा लेत नेपाल सरकार कोरोना के नियन्त्रण आ जोखिम व्यवस्थापन मे योजनाबद्ध तरिका से काम कईल उ स्पष्ट कइनी ।

कोरोना भाइरसविरुद्ध सञ्चालन कईल सचेतना अभियान से अभी तक सरकार से अपनावल विधि सफल भईल आ एकरा के अन्तर्राष्ट्रिय सङ्घसस्था से भी बढिया मानल उनकर कहनाम बा ।

एहितरे लकडाउन कभी तक राखेके÷ना राखेके कहके विषय नेपाल के मात्र परिस्थिति मे निर्भर ना रहल बतवनी । सङ्क्रमण से उत्पन्न हरेक परिस्थिति के नियमित विश्लेषण करत जरुरी नीति आ योजना के साथ सरकार से काम कर रहल कहत उ आउर परिस्थति के देख के काम करेके बतवनी ।

एहितरे कोरोना के सङ्क्रमण से नेपाल के अर्थतन्त्र, पर्यटन लगायत क्षेत्र मे नकारात्मक प्रभाव पुगावल कहत उ एकरा के उकासे खातिर नयाँ तरिका से काम करेके बतवनी ।

आर्थिक अवस्था के सुधार करे खातिर सरकार बैंक के ब्याजदर घटावेके, बैंक के कर्जा बुझावे के म्याद थप करेके, व्यवसायी के सस्ता ब्यजादर मे कर्जा प्रवाह करेके जईसन बात मे ध्यान देवेके भी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।