वीरगंज नाका मे दु दिन मे दु जने मिललें कोरोना संक्रमित
वीरगंज नाका मे दु दिन मे दु जने मिललें कोरोना संक्रमित

वीरगंज २६ पुस
लम्हर समय के बाद वीरगंज नाका मे फेनु कोरोना संक्रमित मिलल बाडन । नेपाल प्रवेश करेवाला देश के मुख्य नाका वीरगंज नाका मे सञ्चालित हेल्थ डेस्क मे हो रहल परीक्षण मे पिछिलका दु दिन मे कोरोना के दु जने संक्रमित मिलल बाडन ।
दुनु जने मे कोरोना के नयाँ भेरिएन्ट जेएन.१ के संक्रमण मिलल हेल्थ डेस्क प्रमुख तथा वीरगंज महानगरपालिका के जनस्वास्थ्य निरीक्षक सुमनचन्द्र ठाकुर बतवनी । उनका मुताविक संक्रमण पुष्टि होखेवाला मे एक जने नेपाली आ एक जने भारतीय नागरिक रहल बाडन ।
नेपाल–भारत सीमास्थित नाका के हेल्थ डेस्क मे बियफे के दिन तक ४६ जने के एन्टिजेन जाँच कईला पर उ मेसे धादिङ के ५९ बरीस के पुरुष मे कोरोना के नयाँ भेरिएन्ट जेएन.१ के संक्रमण पुष्टि भईल ठाकुर बतवनी । उ भारत के कोलकत्ता से रेल के यात्रा करके नेपाल आवत रहलन ।
एकरा से पहिले बुध के दिने भी हेल्थ डेस्क मे ५५ जने के एन्टिजेन जाँच कईला पर एक भारतीय नागरिक मे भी कोरोना के नयाँ भेरिएन्ट जेएन.१ के संक्रमण पुष्टि भईल रहे । कोलकत्ता से रेल के यात्रा करके रक्सौल होत काठमाण्डु घुमे आईल भारतीय पर्यटकलोग के समूह मे रहललोग के एन्टिजेन जाँच कईला पर कोलकत्ता निवासी २५ बरीस के युवक मे कोरोना के नयाँ भेरिएन्ट जेएन.१ के संक्रमण पुष्टि भईल ठाकुर बतवनी ।
बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल धादिङ के पुरुष के वीरगंज के नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे लेजाके राखल जानकारी ठाकुर देहनी । बुध के दिने संक्रमण पुष्टि भईल भारतीय युवक के बुध के दिने हि भारतीय पुलीस के जिम्मा लगाके नाका से भारत फिर्ता कईल उ बतवनी ।
संक्रमण पुष्टि भईल दुनु जने के स्वाब नमुना जिन सिक्वेन्सिङ के खातिर जनकपुरस्थित प्रादेशिक स्वास्थ्य प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा । वीरगंज नाका मे चालु आर्थिक बरीस मे पहिलका बेर दु जने मे कोरोना के संक्रमण मिलल ठाकुर बतवनी । ठाकुर के मुताविक पडोसी देश भारत के अनेकन प्रान्त मे कोरोना के नयाँ भेरियन्ट जेएन.१ के संक्रमण फईलत गईला के बाद नेपाल प्रवेश करेवाला मुख्यस्थल नाका वीरगंज मे निगरानी बढावल गईल बा ।
कोरोना संक्रमण के पहिलका लहर से हि वीरगंज नाका मे सञ्चालित हेल्थ डेस्क मे पुस महिना सुरु भईल से हि भारत से आवेवाला के स्वास्थ्य जाँच करे लागल बा । भारत से रेल, बस आ निजी सवारी मे लम्हर यात्रा करके आवेवाला के वीरगंज नाका मे हेल्थ डेस्क के स्वास्थ्यकर्मीलोग स्वास्थ्य परीक्षण कईला के बाद मात्र आवे देरहल बाडन ।
हेल्थ डेस्क मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के मुताविक भारत से लम्हर यात्रा करके आवेवाला के नाका मे रोकके सुरु मे स्क्रिनिङ कईल जाला । उ समय मे बोखार आ खोकी के लक्षण रहललोग के एन्टिजेन जाँच कईल जाला । ठाकुर कहनी, ‘भारत मे फेनु संक्रमण बढला के बाद नाका मे हमनी निगरानी आ सतर्कता बढवले बानी । माकिर अभी तक दु जने मे मात्र कोभिड पोजेटिभ मिलल बा । भारत से आवेवाला सभी के स्वास्थ्य जाँच करे खातिर सम्भव ना भईला से रेल, बस भा निजी सवारी मे लम्हर यात्रा करके आवेवाला के मात्र स्क्रिनिङ कईल जा रहल बतवनी । स्क्रिनिङ कईला पर शंकास्पद लागला पर उलोग के एन्टिजेन टेष्ट कईल जाला, उ कहनी ।
तीन चार दिन एने से हेल्थ डेस्क मे दैनिक २०० से २५० जने के स्क्रिनिङ आ ५० से ६० जने के एन्टिजन जाँच करत आईल भी उ बतवनी । नाका के हेल्थ डेस्क मे दु जने स्टाफ नर्स, तीन जने हेल्थ असिस्टेन्ट, दु जने ल्याब टेक्निसियन आ एक जने ल्याब असिस्टेन्ट करके ८ जने स्वास्थ्यकर्मी के टोली कार्यरत रहल जानकारी भी उ देहनी ।






