आउर दु जने डिस्चार्ज : कोरोना जितेवाला के संख्या सात पुगल

काठमाण्डु १० बैशाख
नेपाल मे कोरोना के ईलाज के बाद ठिक होखेवाला के संख्या भी बढल बा । बुध के दिने आउर दु जने ठिक होके डिस्चार्ज भईल बाडन । डिस्चार्ज होखेवाला के संख्या ७ पुगल बा ।
बुध के दिने सेती अस्पताल धनगढी से एक ४० बरीस के मरदाना आ काठमाण्डु के टेकु अस्पताल से ३४ बरीस के मरदाना डिस्चार्ज भईल स्वास्थ्य मन्त्राय जनवले बा ।
सेती अस्पताल से डिस्चार्ज होखेवाला ९ वाँ कोरोना संक्रमित हउवन । उ चईत १३ गते भारत के उत्तराखण्ड राज्य के चम्पावत जिल्ला के सल्ली कहके जगहा से कञ्चनपुर के ब्रम्हदेव के रास्ता होत लुका के नेपाल घुसल रहलन । उनका के उहे दिन सशस्त्र पुलीस क्वारेन्टाइन मे रखले रहे ।
एहितरे टेकु अस्पताल से डिस्चार्ज होखेवाला मे तिसरका कोरोना संक्रमित हउवन् । धादिङ ३२ बरीस के उ पुरुष चईत ६ गते यूएई से एयर अरेबिया के फ्लाइट नम्बर जी ९५३७ से त्रिभुवन विमानस्थल मे उतरल रहलन ।
काठमाण्डु के एक होटल मे रहल उनकर स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवा रोग अस्पताल पुगल रहलन ।
चईत १२ गते उनका के कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि भईल रहे ।
दुनु जने के कोरोना परीक्षण नेगेटिभ अईला के बाद डिस्चार्ज कईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा.विकास देवकोटा जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले काठमाण्डु स्थित टेकु अस्पताल से १९ बरीस के युवती, बागलुङ हस्पिटल मे ६५ बरीस के जनानी, धनगढी के सेती प्रादेशिक अस्पताल से १९ आ ३२ बरीस के युवा ठिक होके डिस्चार्ज भइल बाडन ।






