हिरासत से छुटला के बाद बेटा कईलन बाबु के हत्या
हिरासत से छुटला के बाद बेटा कईलन बाबु के हत्या

राजविराज ०७ चईत,
प्रहरी नियन्त्रण से छुटला के बाद सप्तरी के सप्तकोशी नगरपालिका के एक युवक टाँगी से काट के बाबु के हत्या कईले बाडन । सप्तरी के सप्तकोशी नगरपालिका–३ नयाँवस्ती (मुसहरी टोल) के २२ बरीस के लालदेव सदा टाँगी से काटके आपन बाबु ४५ बरीस के हिराइ सदा के हत्या कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।
दु जने पडोसी के पिटपाट करके मुडि फोरल आरोप मे इलाका प्रहरी कार्यालय कञ्चनरुप के हिरासत मे रहल लालदेव मंगर के दिने मात्र छुटके घर गईल रहलन । स्थानीय जनप्रतिनिधि के मुताविक करिब २४ घण्टा प्रहरी नियन्त्रण मे रहके छुटल उ थुना मे रहेके परल खिंसमे बाबुके हत्या कईल जनावल गईल बा ।
बाबु हिराइ आ बडकाबाबु ५५ बरीस के दशन सदा सम्झावेके खोजला पर आवेश मे आईल लालदेव आक्रमण कईल पडोसीलोग से जनावल वार्ड सदस्य रमेश थापा जानकारी देहनी । बाबु के टाँगी से काटला के बाद उ बडकाबाबु दशन सदा के भी आक्रमण कईले रहलन ।
दशन के मुडि तथा देह के आउर अनेकन भाग मे चोट लागल बा । पुलीस के मुताविक घेंटमे टाँगी से काटला पर उनकर घटनास्थल मे मृत्यु भईल बा आ घायल दशन के सप्तकोशी नगरपालिका के फतेपुरस्थित स्थानीय अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
हत्या आरोप मे लालदेव के पुलीस टाँगी सहित पकडके आउर अनुसन्धान सुरू कईल जनवले बा ।






