कलैया अस्पताल के कोरोना अस्पताल ना बनावे के स्थानिय के माग

प्रभु यादव
बारा ११ बैशाख
कलैया अस्पताल के कोरोना अस्पताल ना बनावे के जनता के अवाज उठरहल बा । प्रदेश नम्वर २ सरकार से कोरोना भाईरस अस्पताल बनावेला चईत १७ गते भईल निर्णय के बदर कर के शिक्षा तालिम केन्द्र मे बननवे के पहल कईल जारहल अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष किशोरी प्रसाद कल्वार जनकारी करावले बानी ।
प्रदेश सरकार से कलैया अस्पताल के भित्रीये कोरोना भाईरस अस्पताल बनावे के सुरू करे खातिर पत्र सब आवे लागल बा जवना के सभे ओर से विरोध होरहल जनकारी भईल बा ।
२०७७ बैसाख १ गते अस्पताल विकास समिति आ सासंद रामबाबु यादव, विधायक पारस प्रसाद साह, कलैया उपमहानगपालिका के मेयर राजेश राय यादव, जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक नवलकिसोर सिंह, बारा जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी, सुरक्षा निकाय के प्रमुख के सहभागिता मे बईठल बईठक से अस्पताल मे सब से याथावत राख के शिक्षा तालिम केन्द्र मे कोरोना अस्पताल बनावे के भईल निर्णय प्रदेश मे जनकारी देहला पर फिर ३ गते अस्पताल हाता भितर बनावे के आईल चिठिसे समाज मे असहमति बनत जारहल अध्यक्ष कल्वार जनकारी करावले बानी ।
प्रदेश सरकार समक्ष बैसाख ४ गते लेके गईल डेलिकेशन के समूह के सिधा सुने के मिलल अस्पताल हता भितर बनावे के निर्णय भईल बा बनावे के सुरू कईला जाये सुनला वाद बैकल्पीक मे स्वस्थ्य कार्यालय के हटावे के आ उहे जगह बनावे के सोच बनरहल बा जनकारी भईल बा ।
बनावे के पहिले ही जनता से विरोध आ रहल बा बनावे के सुरू कईला पर अवरोध होखे के भि सकेत रहल अध्यक्ष कल्वार जनकारी देहनी । जनता के माग आ शान्ति जगह शिक्षा तालिम केन्द्र रहल बा उजगह बनीत कवनो अवरोध के समना ना करे के परी अध्यक्ष जनकारी करावले बानी ।






