नारायणी अस्पताल के जनता के अस्पताल बनावे के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज ११ बैशाख

नारायणी अस्पताल के जनरल अस्पताल कायम करेके माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन कईल बा । तत्कालिन राजपा नेपाल वीरगंज महानगर कमिटि के आयोजना मे सामाजिक दुरी कायम करत प्रदर्शन कईल बा । कोभिड १९ अस्पताल दोसर जगहा बनावे के माग उलोग के बा ।

सरकार नारायणी के लेभल २ के कोभिड अस्पताल घोषणा कईला के बाद अस्पताल से प्रवाह होखेवाला आकस्मिक आ सर्पदंश बाहेक आउर सेवा बन्द बा ।

कोभिड अस्पताल घोषणा होखे से पहिले हि नारायणी मे कोरोना संक्रमित तीन जने भारतीय नागरिक के आइसोलेसन मे राख के ईलाज सुरु कईल रह ।

रौतहट के संक्रमित सहित नारायणी मे ४ जने संक्रमित के ईलाज हो रहल बा । प्रदेश सरकार बारा के कलैया अस्पताल के कोभिड अस्पताल घोषणा कईला पर भी संक्रमित के ईलाज के खातिर जरुरी संरचना के विकास होखे सकल नइखे ।

कोभिड १९ अस्पताल घोषणा भईला के बाद नारायणी से प्रदान करेवाला आउर सेवा सरकारी दर मे प्रदान करे खातिर नेशनल मेडिकल के कहल गईल बा ।

गरिब जनता के ईलाज करेवाला जगहा के रुपमे परिचित नारायणी से आउर सेवा रुकला पर सर्वसाधरण समस्या मे पडल उलोग के ठहर बा ।

महानगर कमिटि अध्यक्ष लियाकत अलि के नेतृत्व मे भईल प्रदर्शन मे सहभागीलोग हाथ मे प्ले कार्ड लेके प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रदर्शन मे सहभागीलोग नारायणी अस्पताल के तत्काल जनरल अस्पताल बनाव, दोसर जगहा कोरोना अस्पताल के व्यवस्था कर, आम नागरिक के स्वास्थ्य के सेवा के ख्याल कर लगायत के नारा लिखल प्ले कार्ड लेहले रहलन ।

प्रदर्शन मे सहभागी तत्कालिन राजपा पर्सा के अध्यक्ष सदस्य राजेशमान सिंह कोभिड १९ अस्पताल शहर के बीच मे बनावल विश्व स्वास्थ्य संगठन के मान्यता विपरीत रहल बतवनी ।
‘शहर के बीच मे कोभिड १९ अस्पताल बनईला पर समुदाय के हि जोखिम बा ।

विश्व स्वास्थ्य संगठन के मापदण्ड मुताविक भी कोभिड अस्पताल शहर बाहर होखेके पडल । ना त इटली के जईसन हालत हो सकता,’ कहत उ, ‘दोसर ओरी नारायणी से प्रदान होखेवाला सेवा आउर अस्पताल देवे ना सकि ।

नारायणी अस्पताल मे बच्चा जनमईला पर ५ सय रोपेया मिलत रहे । अब उ के दि ?’
नारायणी, अस्पताल मे बारा, पर्सा, रौतहट आ पडोसी देश भारत से भी मरेजी ईलाज के खातिर आवेलन ।

माकिर लकडाउन के चलते सवारी साधन सञ्चालन ना भईला से स्वास्थ्य सेवा भी प्रभावित बा ।
एकरा से पहिले नेपाली कांग्रेस के नेतालोग भी कोभिड अस्पताल के खातिर नारायणी के विकल्प खोजेके माग रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।