विषादी तथा बीउ व्यवसायिक संघ बारा के चउथका महाधिवेशन पुरा

प्रभु यादव
बारा २४ कुवार
विषादी तथा बीउ व्यवसायिक संघ बारा के चउथका महाधिवेशन सर्वसहमति से समिति चयन करत पुरा भईल बा ।
सम्पन महाधिवेशन से नयाँ कार्यसमिति के अध्यक्ष मे विद्यानन्द झा आ उपाध्यक्ष मे विश्वनाथ यादव सर्वसहमति से चयन भईल बाडन ।
महासचिव मे शशिकान्त यादव, सचिव मे अलिराज हवारी आ कोषाध्यक्ष मे जयनारायण मण्डल चयन भईल बानी ।
कार्यसमिति के सदस्य मे दिनदयाल साह, रामेश्वर प्रसाद साह, कृष्णा प्रसाद कुशवाहा, राजकिशोर सिंह, तारकेश्वर प्रसाद साह आ जटाशंकर प्रसाद साह चयन भईल बाडन ।
संघ के महाधिवेशन उदघाटन शत्र मे कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव तुलषी के गमला मे पानी पाटा के सुरूवात कईले रहनी । मेयर यादव कृषि मे विकास होखे के चाहिँ ओतना ना भइल बतावनी ।
आपन पालिका के बजेट मे २०७६÷०७७ मे करिब एक करोड ५० लाख फ्रिज भईल जानकारी देहनी ।
आवेवाला आर्थिक बरीस मे किसान लोग के विकास होखो जवना किसिम के योजना बनावल गईल मेयर यादव कहनी ।
संघ के अध्यक्ष रामअशिष साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे विद्यानन्द झा, प्रकाश मिश्रा व्यवसायि आ किसान सब के समस्या के सम्बन्ध मे चर्चा भईल रहे ।






