जिल्ला स्तरीय अनुगमन समिति के संयोजक मे राय मनोयन

प्रभु यादव

बारा १२ बैशाख

मुस्लिम आयोग से लकडाउन पलना करावेला बारा जिल्ला स्तरीय अनुगमन समिति मे राज मोहम्मद राय के संयोजक मे मनोयन कईले बा ।

विश्व भर महामारी के रूप मे फैलरहल कोरोना भाईरस से बचेला नेपाल मे लगावल गईल लकडाउन के पलना करावेला समिति के मनोयन कईल गईल अायोग जनकारी करावले बा ।

मुस्लिम समुदाय के रमजान पवनी एक महिना खातिर सनिचर से सुरू होरहल बा जवना मे मस्जिद आ मदर्सा मे भिडभाड ना करे के आउर आपन घर मेही नेवाल पढ के पवनी करे के उद्देश्य से समिति के मनोयन कईल गईल बा ।

बैशाख ७ गते के दिन आयोग के अध्यक्ष म. समिम मिया अंसारी से राय के संयोजक आ सदस्य मे मौलाना कलामुद्दीन अंसारी , डा. कमरूल्लाह अंसारी , मुफिद सिद्दीकी , राज खान आ जबुल्ला अंसारी के मनोयन कईले बा ।

आयोग से जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ स्थानिय निकाय मे उप सचिव सीता परियार जनकारी करावेले बाडी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।