वीरगंज के प्राईभेट अस्पतालसब के मानवता ओराईल ईलाज करेके ना मानला से एके दिन ३ जने के मृत्यु

वीरगंज २४ सावन,

पर्सा जिल्ला मे रहल प्राईभेट अस्पतालसब समय मे ईलाज ना कईला के चलते आउर तीन जने के मृत्यु भईल बा ।

बितल रात ईलाज ना भईला के चलते २० बरीस के युवती, ५१ बरीस के जनानी आ ६० बरीस के बुढ के मृत्यु भईल बा ।

स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद अस्पताल कोरोना भाइरस के आशंका करके ईलाज करेके ना मानला पर तीन जने के मृत्यु भईल जनावल गईल बा ।

बितल रात १२.३० बजे सिकिस्त होके ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज लेगईल २० बरीस के युवती के अकाल मे मृत्यु भईल ।

नेशनल मेडिकल कलेज ईलाज करेके ना मानला के बाद नारायणी अस्पताल लेगईल उनका के प्रोटोकल के कारण देखावत भर्ना ना लेहल गईल ।

स्वासप्रश्वास आ बोखार के मरेजी के भर्ना लेवेके ना मिली कहत उनका के फिर्ता कईल गईल ।

रात के १ बजे मरेजी के अवस्था आउर सिकिस्त होखे लागला के बाद अटो मे राख के बीरगंज के बहुअरी मे रहल बीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल लेगईल गईल ।

माकिर, उहाँ भी उनकर ईलाज होखे ना सकल ।

रातभर अनेकन अस्पतालसब मे घुमईला पर भी ईलाज करेके ना मानला के बाद अन्तय मे डा. उदय नारायण सिंह के सम्पर्क कईला के बाद जेनतेन गण्डक अस्पताल मे ईलाज होखेके पक्का भईल ।

माकिर, अफसोच उनका के बँचावे ना सकलन ।

एड्भान्स से सुरु भईल उनकर ईलाज प्राप्ती के यात्रा बयोधा, तराई अस्पताल, भवानी, नेशनल मेडिकल, नारायणी, बीरगंज हेल्थ केयर होत गण्ड्क पुग के रात २ बज के १२ मे मृत्यु भईल रहे ।

एहितरे ईलाज के कमी से बितल राहत हि आउर एक जने जनानी के मृत्यु भईल बा ।

हृदयघात से ग्रस्त उनका के इहाँ के अस्पतालसब ईलाज करेके ना मानला के बाद उनकर ज्यान गईल युवा अभियन्ता सौरभ साह समाजिक सञ्जाल मार्फत जनवले बाडन ।

पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला पर भी उनका के इहाँ के अस्पतालवालासब भर्ना लेवेके ना मनलन ।

बयोधा, नारायणी, नेशनल मेडिकल, तराई लगायत के अस्पताल मे अनेकन कारण देखावत ईलाज करेके ना मानला के बाद उनकर मृत्यु भईल बा ।

एहितरे बीरगंज महानगरपालिका राधेमाई निवासी एक ६० बरीस के बुढ के ईलाज के कमी मे मृत्यु भईल सांसद प्रदिप यादव बतवले बानी ।

दम के मरेजी रहल बुढ के स्वास्थ्य अवस्था विगडला के बाद ईलाज के खातिर आफन्तलोग बीरगंज के तराई हस्पिटल मे लेगईल रहलन ।

अस्पता भर्ना लेवेमे अस्विकार कईला के बाद उनका के नेशनल मेडिकल कलेज मे पुगावल रहे । माकिर शिक्षण अस्पता भी भर्ना ना लेहला के बाद उनका के नारायणी अस्पताल मे पुगावल रहे ।

नारायणी अस्पताल भी भर्ना लेवेमे देरी कईल तथा इमरजेन्सी वार्ड मे लेगईल कुछ देर मे उनकर मृत्यु भईल परिवारिक स्रोत जनवले बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मरेजी के स्वास्थ्य उपर गम्भीर होखे खातिर जारी कईल आदेश के अस्विकार करत इहाँ के निजी तथा सरकारी अस्पतालसब मरेजी के ईलाज करे खातिर अभी भी मानत नइखन ।

संकटकाल के अवस्था मे भी नेपाल के संविधान के धारा १६ मे उल्लेखित हरेक आदमी के सम्मानपूर्वक बाँचेके हक आ धारा ३५ मे उल्लेखित हरेक नागरिक के आधारभूत स्वास्थ्य सेवा प्राप्त करेके हक निलम्बन करे ना सकेके संवैधानिक व्यवस्था भईला पर भी इहाँ के अस्पतालसब के लापरवाही रुकल नइखे ।

अईसे वीरगंज के अधिकांश अस्पतालसब ईलाज करेके ना मानला पर मृत्यु होखेवाला के संख्या बढत गईल बा ।

एमे सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगल जरुरी रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।