बिदेश मे रहल नेपाली के उद्धार करे खातिर राष्ट्रिय विद्यार्थी संघद्धारा माग

वीरगंज १३ बैशाख
जनता समाजवादी पार्टी निकट के विधार्थी संगठन सामाजिक दुरी कायम राखत अनेकन माग सहित वीरगंज के घण्टाघर मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
लकडाउन के चलते प्रभावित भईल तथा अलपत्र पडललोग के उद्धार मे लागे खातिर समाजवादी विद्यार्थी संघ सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बा ।
“विदेश मे रहल विद्यार्थी के स्वदेश फिर्ता करे खातिर सहजीकरण कर, कोरोना भाइरस के समस्या मे राजनीतिक बन्द कर, राहत बाँटेमे राजनीति बन्द कर” लगायत के नारा लिखल प्ले कार्ड सहित बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।
समाज मे रहल विपन्न तथा गरिब परिवारलोग के खाए के समस्या हो रहला के चलते राहत बाँटेमे देरी ना करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा । हचुवा के भर मे हो रहल राहत वितरण के आउर प्रभावकारी बनावत विपन्न तथा प्रभावित वर्ग के प्राथमिकता मे राखेके सुझाव देहले बा ।
एहितरे अध्ययन तथा काम के खातिर विदेश मे रहल नेपालीलोग लकडाउन के चलते अलपत्र पडललोग के जलदी से जलदी उद्धार के व्यवस्था मे लागे खातिर सरकार के निहोरा कईले बाडन ।
विद्यार्थी संघ के पर्सा अध्यक्ष मधुसुधन चौरसिया के नेतृत्व मे भईल प्रदर्शन मे उपाध्यक्ष सुमित चौरसिया, विद्यार्थी नेता प्रभाकर मोदि, प्रभात चौरसिया, आयुष ठाकुर, सुजित झा लागयत के सहभागीता रहल रहे ।






