४० जिल्ला मे पुरे आ १२ गो मे आंशिक निषेधाज्ञा

काठमाण्डु २२ वैशाख
कोरोना भाइरस के महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर निषेधाज्ञा के आदेश जारी कईल जिल्ला के संख्या ५२ पुगल बा ।
कोरोना संक्रमण बढत गईला के बाद ४० जिल्ला के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पूर्ण आ १२ जिल्ला के निश्चित स्थान तोक के आंशिक निषेधाज्ञा के आदेश जारी कईले बाडन ।
बाँके, सुर्खेत, काठमाण्डु, ललितपुर, भक्तपुर, कास्की, कैलाली, पर्सा, दाङ, कञ्चनपुर, पाल्पा, चितवन, रुपन्देही, बर्दिया, सल्यान, सुनसरी, जाजरकोट, रुकुम पश्चिम, डडेल्धुरा जिल्ला मे जिल्लाभर लागू होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा के आदेश जारी भईल गृह मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे झापा, गुल्मी, प्युठान, बाजुरा, उदयपुर, बझाङ, कपिलवस्तु, नुवाकोट, धनुषा, अर्घाखाँची, बैतडी, दैलेख, महोत्तरी, डोल्पा, डोटी, नवलपरासी पूर्व, रोल्पा, मुगु, बारा, सिराहा आ नवलपरासी पश्चिम मे भी जिल्लाभर निषेधाज्ञा बा ।
मन्त्रालय के मुताविक तनहुँ, म्याग्दी, ताप्लेजुङ, रामेछाप, स्याङ्जा, कालीकोट, मकवानपुर, गोरखा, काभ्रेपलाञ्चोक, मोरङ, दार्चुला आ बागलुङ मे निश्चित क्षेत्र तोक के निषेधाज्ञा के आदेश जारी कईल बा ।
बुध के दिने सबेरे से महोत्तरी, रोल्पा, मुगुमा पूर्ण निषेधाज्ञा जारी कईल बा आ तनहुँ आ म्याग्दी मे आंशिक रुप मे निषेधाज्ञा लागू कईले बा ।
म्याग्दी के बेनी नगरपालिका क्षेत्र भितर वैशाख २२ गते रात १२ बजे से आवेवाला वैशाख ३१ गते रात १२ बजे तक मे निषेधाज्ञा कईल बा । बुध से हि तनहुँ के ऋषिङ गाँवपालिका के वार्ड नम्बर २, ३, ४,५, ६,७ आ ८ वार्ड मे आंशिक रुप मे निषेधाज्ञा लागू कईले बा ।
एहितरे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा आ सिराहा वैशाख २३ गते से सबेरे ६ बजे से अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा लागू होखेके जनवले बा । एहितरे रोल्पा मे भी बुध से लागू होखेवाला किसिम से पूर्ण निषेधाज्ञा लागू कईले बा ।




