पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ९ मे १८१ परिवार के राहत बाँटल गईल

वीरगंज १५ बैशाख

पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ९ के लकडाउन से प्रभावित गरिब, अतिविपन्न परिवार के खातिर राहत बँटले बा ।

वार्ड के सर्वपक्षिय समिति से कईल निर्णय के आधार मे सरकार के निति निर्देशन मुताविक वार्ड नं. ९ के तीन गो गाँव के गरिब, अतिविपन्न परिवार के पहिचान करके १८१ परिवार के राहत बाँटल गईल जनावल गईल बा ।

वार्ड भितर पडेवाला बर्डेवा, तेलिया आ एकटांगा गाँव के गरिब, अतिविपन्न परिवार के आजु राहत बाँटल गईल वार्ड नं. ९ के वार्ड अध्यक्ष रामनारायण प्रसाद गौरो बतवले बानी ।

हरेक परिवार के २० किलो चाउर, २ किलो मसुरी के दाल, २ किलो नुन, खाएवाला तेल १ लिटर, नहाएवाला आ कपडा फिंचेवाला सावुन ४ पिस करके बनावल गईल राहत प्याकेज प्रति परिवारा के उपलब्ध करावल गईल बा ।

वार्ड मे कुल जनसंख्या ३ हजार के हराहरी मे रहल बा, जउना मेसे सर्वपक्षिय समिति हि १८१ जने अतिविपन्न परिवार के छनौट कईल वार्ड अध्यक्ष गौरो बतवनी ।

राहत बाँटेके काम मे ईलाका प्रहरी कार्यालय एकटांगा सामाजिक दुरी कायम करावत व्यवस्थित रुप से राहत बाँटेमे सहजोग कईले रहे ।

लकडाउन शुरु भईला के बाद वार्ड के हरेक आदमी के माक्स, हरेक परिवार मे सेनेटाईजर आ हाथ धोखेवाला साबुन एक – एक पिस आपन व्यक्तिगत लगानी मे बाँटल वार्ड अध्यक्ष गौरे बतवनी ।

विपद् कोष मे छुट्यावल तीन लाख रोपेया मेसे कुछ पईसा जनता के राहत के खातिर खर्च कईल आ कुछ बाकि रहल जउना से आवेवाला दिन मे राहत मे खर्च करेके वार्ड अध्यक्ष गौरे बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।