पर्सा मे निषेधाज्ञा कडा करे खातिर सेना परिचालन

वीरगंज ३२ सावन

पर्सा मे निषेधाज्ञा के आउर कडाइ करे खातिर आजु से नेपाली सेना परिचालन कईल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तामाङ निषेधाज्ञा के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर अग्रपंक्ति मे खटेवाला सुरक्षाकर्मी के सहजोग के खातिर सेना परिचालन कईल जानकारी देहनी ।

‘निषेधाज्ञा के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के सहजोग करे खातिर नेपाली सेना परिचालन कईल गईल बा’ कहत उ, ‘नियन्त्रणात्मक अवस्था मे १५ दिन जेतना निषेधाज्ञा मे कडाइ करे सकला पर कोभिड–१९ के जितल जा सकता कहके बा ।’

पर्सा के सडक मे एतवार से हि सेना गस्ती शुरु कर चुकल बा । वीरगंज मे सावन १० गते से आ पुरे पर्सा जिल्ला मे सावन १९ गते से निषेधाज्ञा बा ।

माकिर मुख्य सडक क्षेत्र बाहेक के गल्लीसब मे आदमीसब के चहलपहल रुकल नइखे ।

संक्रमित बेसी मिलल क्षेत्रसब माइस्थान, बिर्ता, मुर्ली लगायत के जगहा मे भी तरकारी, खाद्यान्न के खातिर दोकान खोलेके आ आदमीसब के चहलपहल देखल गईल बा ।

जिल्ला सुरक्षा समिति समुदाय मे फईलल संक्रमण के आउर फईले ना देवे खातिर निषेधाज्ञा मे कडाइ करेके जरुरत देखल गईल निश्कर्ष निकलले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।