भरतपुर के कोरोना अस्पताल मे अख्तियार के छापा

चितवन १६ वैशाख
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग हेटौंडा भरतपुर कोरोना विशेष (अस्थायी) अस्पताल आ भरतपुर महानगरपालिका के महत्वपूर्ण कागजात नियन्त्रण मे लेहले बा ।
अख्तियार के टोली मंगर के दिन के कोरोना अस्पताल मे छापा मार के महत्वपूर्ण कागजात नियन्त्रण मे लेहले बा । टोली कोरोना अस्पताल सम्बन्धित महत्वपूर्ण कागजातसब भरतपुर महानगर के स्वास्थ्य शाखा से भी जफत कईले बा ।
उ सभी कागजात लेके टोली हेटौंडा फिर्ता भईल अख्तियार हेटौंडा के प्रमुख शिवकुमार कार्की जानकारी देहनी ।
कोरोना विशेष अस्पताल के अनेकन सामान कर्मचारी से हि चोरी कईल सीसीटीभी फुटेज बाहर अईला के बाद अख्तियार छापा मरले बा ।
कोरोना अस्पताल मे आर्थिक अनियमितता कईल आशंका भी कईले बा । ई अस्पताल सञ्चालन के खातिर प्रदेश सरकार एक करोड रोपेया सहजोग कईले रहलन ।






