नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ के कार्जक्रम मे ३२ जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव

बारा ११ अगहन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २३ भतौडा मे नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ के कार्जक्रम मे लहुदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ के वीरंगज उपाध्यक्ष संदिप साह करोडो रोपेया खर्च कर के लहु के अभाव मे केहु के ज्यान बचावे ना सकल जाता माकिर एक जने के लहुदान से एक जने पुण्य आत्मा के ज्यान बचावल जासकल जाता बतावले बानी ।

लहु के कवनो फैक्ट्री ना रहेला ओकरा के पूरा करेला लहुदान कईला परल केहु के लहु के आवश्यकता परल लोग के ज्यान बचावल सकल जाएके कारण समय समय मे आपने लहुदान करनी आपन स्वास्थ्य के भि अउरी फाईदा होखेला साह जनकारी करावले बानी ।

कलैया उप–महानगरपालिका वार्ड नं. २३ भातौडा के आर्थिक सहजोग तथा नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ के विशेष सहजोग मे लहुदान कार्जक्रम कईल गईल रहे । लहुदान कार्जक्रम मे एक जने जनानी सहित ३२ जने पुरूष लहुदान कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।