राहत सँगे सामाजिक सुरक्षाभत्ता घरघर मे पुग के बाँटल जा रहल
लहान, १६ वैशाख
लकडाउन के मार मे पडल आपन नागरिक के सिरहा के सुखीपुर नगरपालिका राहत सँगे सामाजिक सुरक्षाभत्ता घरघर मे पुग के वितरण कईल सुरु कईले बा ।
सुखीपुर नगरपालिका वार्ड नं ९ से ज्यालादारी मजदुर आ अनेकन वर्ग पहिचान करके राहतस्वरुप खाद्यान्न वितरण शुरु कईले बा आ वार्ड नं ८ से सामाजिक सुरक्षाभत्ता घरघर मे पुग के वितरण शुरु कईले बा । विश्वव्यापी महामारी के रूप मे फईलल कोरोना भाइरसविरुद्ध लड रहल विपन्न परिवार के मापदण्ड बनाके खाद्यान्न वितरण शुरु कईल नगरप्रमुख रामअवतार यादव जानकारी देहनी ।
सुखीपुर नगरपालिका–९ के दैनिक ज्यालादारी करके जीवन निर्वाह करत आईल ३०० विपन्न परिवार के राहतस्वरुप प्रतिपरिवार ३० किलो चाउर, पाँच किलो दाल लगायत सामान बाँटल शुरु कईल नगप्रमुख यादव बतवनी । नगरपालिका के सभी वार्ड मे रु पाँच÷पाँच लाख के दर से १० गो वार्ड मे रु ५० लाख बराबर के खाद्यान्न वितरण करेके लक्ष्य रहल नगरप्रमुख यादव के कहनाम बा ।
एहितरे उ नगरपालिका लकडाउन के पालन करत सामाजिक सुरक्षाभत्ता घरघर मे पुग के वितरण शुरु कईले बा । लकडाउन के चलते कार्यालय तक आवेवाला अवस्था ना रहला से घर मे जाके सामाजिक सुरक्षाभत्ता वितरण करे लागल नगरप्रमुख यादव बतवनी ।
ज्येष्ठ नागरिक, एकल महिला, अपाङ्गता भएका आदमी, दलित ज्येष्ठ नागरिक आ बालपोषणभत्ता घर मे पुग के सामाजिक सुरक्षाभत्ता वितरण करे लागल बा ।
कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के जोखिम के मध्यनजर करत सरकार से कईल लकडाउन के मार मे पडल विपन्न, मजदुर परिवार के सिरहा के बरियारपट्टी गाँवपालिका भी राहत बाँटल शुरु कईले बा ।
वार्ड वार्ड से आईल विपन्न, मजदुर परिवार के विवरण के आधार मे राहत बाँटल सुरु कईल बरियारपट्टी गाँवपालिका के अध्यक्ष सन्तोषकुमार महतो जानकारी देहनी ।
प्रतिपरिवार चाउर २५ किलो, दाल तीन किलो, नुन दु प्याकेट, चिनी दु किलो, खानेतेल दु लिटर, साबुन राहत वितरण शुरु कईल गाँवपालिका के प्रमुख प्रसासकीय अधिकृत अशोककुमार सिंह बतवनी ।
अवैधरूप मे लकडी तस्करी करेवाला पकडईलें
लकडाउन के समय मे अवैधरूप मे लकडी तस्करी कर रहल अवस्था मे सोमार के सँझिया वन कर्मचारी के टोली एक तस्कर के पकडले बा ।
डिभिजन वन कार्यालय लहान सिरहा से खटल विशेष गस्ती टोली वन क्षेत्र भितर से अवैधरूप मे हरिहर गाछि काट के चोरी तस्करी कर रहल अवस्था मे लहान नगरपालिका–१७ निवासी ५८ बरीस के वकिल मियाँ के पकडल गईल बा ।
सामुदायिक वन क्षेत्र भितर के सखुवा जात के हरिहर गाछि कटान करके तस्करी कर रहल अवस्था मे मियाँ के पकडल गईल डिभिजनल वन कार्यालय लहान सिरहा के प्रमुख सुभाषचन्द्र दास जानकारी देहनी ।
पकडाईल मियाँ के लहान नगरपालिका–१७ के वार्ड अध्यक्ष प्रथमलाल चौधरी के जिम्मा जमानी मे बुझावल गईल प्रमुख दास बतवनी ।
एहितरे सवडिभिजन वन कार्यालय बन्दीपुरअन्तर्गत के वन क्षेत्र मे अवैधरूप मे उत्खनन कर रहल अवस्था मे एक थान जेसिबी पकडल जनावल गईल बा ।






