नारायणी अस्पताल के प्याथलोजी टिम स्वाब संकलन मे सक्रिय

वीरगंज १७ बैशाख
विश्वभर कोरोना संक्रमण फईलल अवस्था मे पर्सा जिल्ला मे भी कोरोना संक्रमित के संख्या बढत गईल बा ।
संक्रमित के कन्ट्रायक्ट ट्रेसिङ्ग के आधार मे पर्सा जिल्ला मे स्वाब संकलन करके प्रयोगशाला मे पठावे के काम तेजी से अगाडि बढावल गईल बा । पर्सा जिल्ला मे नारायणी अस्पताल के हि कोभिड–१९ अस्पताल घोषणा कईल बा ।
संक्रमण के शंका लागल आदमीसब के नारायणी अस्पताल के एम.डी प्याथलोजिक डा.निरा पाठक के नेतृत्व मे रहल टिम स्वाब संकलन के खातिर २४ घण्टा सक्रिय रहल बाडन ।
संक्रमित के कन्ट्रायक्ट ट्रेसिङ्ग के आधार मे एतवार से चिकित्सक के नयाँ टिम स्वाब निकाले के काम कर रहल बाडन । जउना अन्र्तगत एतवार के ३३ जने, सोमार के ६१ जने आ मंगर के १४ जने के स्वाब संकलन कईल प्रयोगशालाकर्मी बिपीन कुमार चौरसिया जानकारी देहनी ।
उ टोली मे बिपीन कुमार चौरसिया, कुणाल मिश्रा आ हिराबाबु पाण्डे लगायत के समुह क्वारेन्टाईन मे रहके स्बाब संकलग्न कर रहल डा.निरा पाठक बतवनी ।






