लकडाउन कार्यान्वयन मे पुलीस के आउर सक्रियता

काठमाण्डु, १७ वैशाख

विश्वव्यापीरूप मे फईलल कोभिड–१९ के सङ्क्रमण रोके खातिर नेपाल पुलीस देशभर आउर सक्रियता बढवले बा । सरकार से जारी कईल लकडाउन के पूर्ण कार्यान्वयन के खातिर पुलीस गाँव गाँव तक सक्रियता बढवले बा । गृह के निर्देशन मुताविक पिछिलका समय मे पुलीस लकडाउन के आउर कडाइ भी कईले बा ।

प्रहरी महानिरीक्षक ठाकुरप्रसाद ज्ञवाली लकडाउन के समय आदमी के घर से बाहर निकले ना देव के आ पासबिना के सवारी आवागमन मे रोक लगावे खातिर मातहत के पुलीस के जरुरी निर्देशन देहल बतवले बानी ।

कालाबजारी नियन्त्रण करेके, लकडाउन पालना करावेके तथा अनुगमन करेके एवं उल्लङ्घन करेवाला के नियन्त्रण मे लेवेके काम मे भी पुलीस सक्रिय रहल प्रहरी महानिरीक्षक ज्ञवाली के कहनाम बा ।

पुलीस करिब ३५ हजार बेर माइकिङ करके सचेतनामूलक कार्जक्रम कईल जानकारी देत उ अपराध अनुसन्धान, अपराध नियन्त्रण तथा शान्ति सुरक्षा के साथे विपद् आ विषम परिस्थिति से सिर्जित घटना रोकेके योजनाबद्धरूप से काम अगाडि बढावल बतवनी ।

लकडाउन के कार्यान्वयन अनुगमन के खातिर आधुनिक प्रविधि (ड्रोन) के भी प्रयोग करके पुलीस गतिविधि के निगरानी कर रहल बा । पहिलका बेर घर से बाहर निकलल आदमी के लकडाउन के जानकारी करा के जहाँ से आईल बा उहें फिर्ता पठावे के आ फेनु दोहरा के अईला पर जरुरी कारवाही करत आईल प्रहरी प्रधान कार्यालय जनवले बा ।

प्रहरी महानिरीक्षक ज्ञवाली कहनी कि, “लकडाउन आदेश के आउर निकाय से समन्वय करके नेपाल पुलीस पूर्णरूप मे समन्वयात्मक भूमिका आ कार्यान्वयन कर रहल बा ।” कोरोना के सङ्क्रमण के रोके खातिर सामाजिक दूरी कायम कईल महत्वपूर्ण होखी । लकडाउन कार्यान्वयन मे खटेवाला पुलीस भी उच्च जोखिम मे बा ।

ई अवस्था मे सुरक्षित होखे खातिर मास्क, स्यानिटाइजर के प्रयोग कईल जा सकता । जरुरी दवाई ईलाज के खातिर नेपाल पुलीस अस्पताल विशेष व्यवस्था कईल भी प्रहरी प्रधान कार्यालय जनवले बा ।

अस्पताल के मेडिकल डाइरेक्टर प्रहरी अतिरिक्त महानिरीक्षक डा आशा सिंह पुलीस के खातिर नेपाल प्रहरी अस्पताल मे आइसोलेसन वार्ड के व्यवस्था कईल बतवनी ।

लकडाउन के अवस्था मे अधिकतम जनशक्ति खटावे के उद्देश्य मुताविक अनेकन प्रशिक्षण मे रहल पुलीस जनशक्ति के कउनो भी अवस्था मे जरुरी जगहा मे खटावे सकेवाला किसिम से तइयारी अवस्था मे राखल गईल बा ।

राष्ट्रिय प्रहरी प्रशिक्षण प्रतिष्ठान महाराजगञ्ज के कार्यकारी निर्देशक प्रहरी अतिरिक्त महानिरीक्षक तारिणीप्रसाद लम्साल अभी तालिम स्थगन करके पुलीस कर्मचारी के लकडाउन के कार्यान्वयन के खातिर खटावल जानकारी देहनी ।

सम्भावित अवाञ्छित गतिविधि के बारे मे चनाखो होत स्वास्थ्यकर्मी, अस्पताल, भीडभाड व्यवस्थापन मे पुलीस सक्रियता बढावल जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।