बारा मे २३२ बोत्तल लागु औषध सहित एक भारतीय पकडईलें

बारा मे २३२ बोत्तल लागु औषध सहित एक भारतीय पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २३ फागुन

बारा मे सशस्त्र पुलीस भारत से चोरालुका के नेपाल लिया रहल बहुते परिमाण के प्रतिबन्धित दवाई पकडले बा ।

भारत के दसगजा से जुडल विश्रामपुर गाँवपालिका–१ के बङगरी खोला होत लिया रहल ‘ओनरेक्स’ नाम के प्रतिबन्धित दवाई सहित एक जने भारतीय नागरिक भी पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे भारत बिहार के पूर्वी चम्पारण मोतिहारी जिल्ला अन्तर्गत हरपुर गाँव पञ्चायत वार्ड नम्बर २ के २२ बरीस के सोनुकुमार साह रहल बाडन ।

बोरा मे मुडि पर राखके नेपाल लिया रहल सूचना के आधार मे खटल सशस्त्र पुलीस के टोली २ सय ३२ बोतल ओनरेक्स बरामद कईल सीमा सुरक्षा बल ‘बोर्डर आउटपोस्ट’ बरैनिया के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा जानकारी देहनी ।

लागूऔषध के रूप मे प्रयोग करेवाला ई ‘अल्कोहल’ युक्त झोल दवाई सहित पकडाईल साह के आउर कानुनी कारबाही के खातिर नेपाल प्रहरी के जिम्मा लगावल गईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।