एजेन्ट यादव के झुठा मुद्दा मे फँसावल गईल, तत्काल बिना शर्त छोडेके वीरगंज भन्सार एजेन्ट संघ के माग

वीरगंज १८ बैशाख
वीरगंज भन्सार एजेन्ट संघ हुण्डी के आरोप मे काल्हु पकडाईल वीरगंज १६ ईनर्वा के लालबाबु कुमार यादव के विना सर्त छोडेके माग कईले बाडन ।
संघ के कार्यवाहक अध्यक्ष निर्मल प्रसाद कुर्मी आजु एगो विज्ञप्ती जारी करत पकडाईल यादव हुण्डी कारोबारी ना होके वीरगंज भंसार के एजेन्ट रहला से विना सर्त रिहा करेके माग कईले बाडन ।
यादव के हुण्डी कारोवार मे संग्लन रहल आरोप मे पुलीस नगद सहित पकडल सामचार सम्प्रेषण कईल उपर संघ के गम्भीर ध्यानकर्षण भईल विज्ञप्ती मे उल्लेख रहल बा ।
उ हुण्डी कारोवारी ना होके एम.ए.आर. क्लियरिङ् सेवा इजाजत नं. ४०७ के कार्यरत सहायक नेपाली क्लियरिङ् एजेन्ट कर्मचारी हउवन कहके संघ से जारी कईल विज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
नेपाल मे आयातित चाउर के कस्टम ड्युटी तिरे खातिर आपन ईनर्वा निवास से भन्सार कागजात सहित के भन्सार जाँच चौकी, सिर्सिया (आईसिपी) जा रहल समय बीरगंज भन्सार क्षेत्र ईनर्वा मे हि पुलीस पकड के झुठा मुचुल्का उठाके रक्सौल पारी से अईला पर पकडल उपर खेद प्रकट करत निर्दोष यादव के अविलम्ब छोडेके माग संघ कईले बा ।
इनर्वा प्रहरी चौकी मे रहल पुलीस नायव निरिक्षक बैद्यनाथ दास पेशा ब्यवसाय करके खाएवाला के दुःख देखे खुद के चर्चा मे लियावे के नियत से यादव के पकडल संघ आरोप लगवले बा ।
संघ से जारी कईल विज्ञप्ति मे उनकर ई काम प्रहरी संगठन से मिलल अधिकार के दुरुपयोग करके पेशा ब्यवसाय मे संलग्नलोग के हतोत्साहित करेके ओरी लक्षीत रहल बा । यादव के पुलीस आपन घर से आइसीपी जा रहल समय पकडाईल रहलन ।
माकिर पुलीस से बनावल मुचुल्का मे भी रक्सौल से अईला पर पकडल गलत मुचुल्का उठावल वीरगंज भन्सार एजेण्ट संघ गम्भिर आरोप लगवले बा । अईसे मुचुल्का तइयार करेवाला पुलीस के काम उपर संघ खेद प्रकट कईले बा ।
रक्सौल वीरगंज केहु के आवे जाए नइखे देहल । अईसन अवस्था मे पुलीस हि रक्सौल से आरहल समय यादव पकडाईल कहके समाचार जारी कईले बा । पुलीस के ई कदम से पुलीस के काम शंका के घेरा मे पडल बा ।
भन्सार से आपन आपन सामान छोडावे खातिर बालाजी ईन्टरप्राईजेज प्राली ८ लाख, साहिल ट्रेर्डिङ्ग सप्लायर्स ९० हजार, श्री गणपती सप्लायर्स १ लाख ५० हजार आ एलबी ट्रेडर्स १ लाख १० हजार करके कुल ११ लाख ५० हजार रोपेया यादव के देहले रहलन ।
उ बारेमे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी नेपाल भारत सिमा पूर्णरुप मे सिल रहल अवस्था मे कईसे भारत से नेपाल हुण्डी के कारोबार हो सकता कहके प्रतिप्रश्न कइनी ।
पुलीस प्रशासन इहाँ के व्यापारी तथा एजेन्टलोग मे तबाही मचावे के काम कईला से अईसन काम ना करे खातिर पुलीस प्रशासन से निहोरा कईले बानी ।





