प्रदेश २ : लोसपा के अध्यक्ष मे सोनल मनोनित

जनकपुरधाम २५ अगहन
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के प्रदेश २ के अध्यक्ष मे जितेन्द्र सोनल के मनोनयन कईल बा । पार्टी के केन्द्रीय अध्यक्ष महन्थ ठाकुर शनिचर के दिने प्रदेश २ के संसदीय दल के नेता भी रहल सोनल के अध्यक्ष मे चयन कईले बाडन । लोसपा नेपाल के अन्तरिम विधान मुताविक प्रदेश अध्यक्ष के जिम्मेवारी उनका के देहल गईल बा । एहितरे प्रदेश २ के सचिव मे नेता रामविनोद चौधरी (पप्पु) के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
४ जिल्ला मे अध्यक्ष चयन
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) नेपाल प्रदेश २ के ८ मेसे ४ जिल्ला मे जिल्ला अध्यक्ष चयन कईले बा । पार्टी अध्यक्ष महन्थ ठाकुर शुक के दिने प्रदेश २ के धनुषा, महोत्तरी, बारा आ पर्सा मे जिल्ला अध्यक्ष चयन कईले बाडन ।
पार्टी के धनुषा जिल्ला अध्यक्ष मे परमेश्वर साह, महोत्तरी जिल्ला अध्यक्ष मे रामबाबु साह, बारा मे नवल किशोर सिंह आ पर्सा मे पुरुषोत्तम झा के मनोनयत कईले बा । लोसपा नेपाल के अन्तरिम विधान मुताविक चारु जने के जिल्ला अध्यक्ष के जिम्मेवारी देहल गईल बा । लोसपा प्रदेश २ के बाँकी चार जिल्ला सर्लाही, रौतहट, सिरहा आ सप्तरी मे जलदी जिल्ला अध्यक्षलोग चयन करेके जनावल गईल बा । एहितरे, अध्यक्ष ठाकुर उमाकान्त झा के धनुषा आ अभिराम शर्मा के महोत्तरी जिल्ला के पर्यवेक्षक मे मनोनयन कईले बाडन ।






