हुलाकी सडक बनावे के काम सुरु

वीरगंज १८ बैशाख

वितल लम्हर समय से लागू भईल लकडाउन के समय मे बारा के गढीमाई नगरपालिका के बरियारपुर से वीरगंज तक के १९ किलोमिटर सडकखण्ड के निर्माण काम शुरु भईल बा ।

करिब रु ८५ करोड ८५ लाख के लागत मे निर्माण शुरु भईल बरियारपुर से वीरगंज महानगरपालिका के लक्ष्मनवा तक के १९ किलोमिटर के सडक के निर्माण काम लकडाउन के समय मे शुरु कईल ठेकेदार कम्पनी जनवले बा ।

आयोजना के ठेक्का सम्झौता २०७४ पुस १२ गते से २०७७ असार ११ गते भितर पुरा करेके लक्ष्य रहल स्वच्छन्द, पप्पु, हिम, सगरमाथा जेभी आयोजना के इन्जिनीयर अमरेन्द्रकुमार यादव बतवनी ।

तराई मधेश के लाइफलाइन के रूप मे रहल हुलाकी राजमार्ग के निर्माण के समय मे सडक मे माटी भरेके काम से गिट्टी, बालु राखेके काम पुरा करके अभी उ सडक पिंच करेके काम करे लागल बतावल गईल बा ।

ई क्षेत्र के महत्वपूर्ण योजना के काम मे देरी भईला पर विकास निर्माण प्रभावित भईला से लकडाउन के समय मे भईला पर भी उ काम के निरन्तरता देहल बतावल गईल बा ।

लकडाउन के चलते सवारी साधन सञ्चालन ना भईला पर बालु गिट्टी उपलब्ध ना भईला से कुछ जगहा मे काम रुकला पर भी एकर व्यवस्थापन स्थानीय सरकार से कईला से काम अगाडि बढल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।