सहुलियत दोकान मे चाउर बिक्री ना भईल

वीरगंज २३ कुवार

दशहरा दिपावली के लक्षित करके खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लिमिटेड शाखा कार्यालय वीरगंज सहुलियत दाम के दोकान सञ्चालन मे लियावल एक हप्ता भईला पर भी अभी तक एगो ग्राहक आईल नइखन ।

सहुलियत मे चाउर बिक्री करेके काम सुरु कईला पर भी अभी तक बोहनी भी होखे ना सकल उ कार्यालय जनवले बा ।

शाखा प्रमुख विकास कटुवाल के मुताविक स्टिम जिरा मसिनो चाउर प्रतिकिलो रु ६५ मे मिलेवाला चाउर मे रु पाँच सहुलियत देहल गईल बा । दोकान से एक उपभोक्ता के बेसी मे ५० किलो तक चाउर उपलब्ध करावल जाई ।

अगहन ६ गते तक सञ्चालन मे रहेवाला उ सहुलियत दोकान से २०० क्विन्टल चाउर बिक्री करेके लक्ष्य लेहल सूचना अधिकारी मुनिलाल कुशवाह बतवनी ।

उ सहुलियत दोकान मे २५ किलो के आ १० किलो के करके दु किसिम के चाउर के प्याकेट बिक्री के खातिर राखल बा ।

उपभोक्ता के माग भईल मुताविक बाद मे आउर खाद्यान्न तथा तेल भी राखेके बतावल गईल बा । उ चाउर बिक्री के बजार दर तथा खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लिमिटेड बेंचेके राखल चाउर के भाव ओईसने भईला से उपभोक्ता आकर्षित होखे नइखन सकल ।

बितल बरीस उ कार्यालय इहे समय मे तीन क्विन्टल ४० किलो मात्र चाउर बिक्री करे सकल रहे । उपभोक्ता मास्क पहिन के आवेके, साबुनपानी से हाथ धोवेके आ ह्याण्ड सेनिटाइजर के प्रयोग अनिवार्य कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।