अवैध हथियार सहित बारा मे एक जने पकडईले

प्रभु यादव

बारा १८ बैशाख

बारा मे हथियार सहित एक जने के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी देहले बा ।
बुध के दिने सँझिया के करीब ७ः४५ बजे के समय मे इलका प्रहरी कार्यालय बारागढी से खटल प्रहरी टोली रास्ता मे घुमरहल बेरा संका लगला पर चेकजाँच करे बेरा मे हथियार सहित पकडले बा ।

बारा के बारागढी गाँवपालिका वार्ड नं.३ सिपुरा टोल के ३५ बरीस के मनोज राय नेटुवा रहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्रा जनकारी करावले बाडन ।

नेटुवा के खानतलासी कइला पर डाँर मे लुका के राखल अवस्था मे अवैध नलकटुवा बन्दुक एक थान मिलल मिश्रा जनकारी करावले बाडन ।

जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे दाखिला कर के नेटुवा उपर हाथहथियार मुद्दा शिर्षक मे मुद्दा दर्ता कर के अगाडि बढल मिश्र जनकारी करावले बाडन ।

बारा जिल्ला अदालत से दिन ७ (सात) के म्याद अनुमति लेके थप अनुसन्धान खातिर हिरासत मे राखल गइल बारा प्रहरी जानकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।