सामुदायिक विद्यालय मे विद्यार्थी के टिकावे खातिर शैक्षिक सामान बाँटल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट २१ पुस

रौतहट के एगो सामुदायिक विद्यालय के १ से ५ किलास तक के विद्यार्थीलोग के ’समता रणनिती कार्जक्रम’ अन्तर्गत सम्बन्धित सामान आजु एगो कार्जक्रम के बिच बाँटल गईल बा ।

दुर्गा भगवती गाँवपालिकाद्धारा सरस्वती माध्यमिक विद्यालय पिपरा भलोहिया मे आयोजना कईल विशेष कार्जक्रम मे पालिका अन्तर्गत के १७ गो सामुदायिक विद्यालय मे पढेवाला विद्यार्थीलोग के जिल्ला समन्वय समिति के सभापति रामएकवाल राय यादव, नेपाली काङ्ग्रेस रौतहट के सभापति एवं संविधान सभा सदस्य कृष्णप्रसाद यादव तथा पालिका अध्यक्ष अरुण साह संयुक्त रुपमे शैक्षिक सामान बँटले बानी ।

“समता रणनिती कार्जक्रम” आ पालिका के सहजोग मे शैक्षिक सामान किन के देहल गईल बतावत पालिका के अध्यक्ष अरुण साह गारजियन के कमी से सामुदायिक विद्यालय केहु ना छोडस कहके बनावल बतवनी ।

प्राईवेट भा बोर्डिङ स्कुल मे भर्ना करे से पहिले गारजियन से विद्यार्थी शुल्क सहित ड्रेस लगायत निर्णय देखावत सामने खडा करके सम्झौता पत्र मे हस्ताक्षर करा के विद्यार्थी भर्ना करत आईल स्विकारल बतवनी ।

पालिका भर मे सबसे बेसी उ काम मे विद्यालय के प्रअ आपन काम सावित कईला पर पुरस्कार सहित १ लाख रकम पालिका से देवेके अध्यक्ष बतवनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष अरुणकुमार साह पालिका अन्तर्गत प्राथमिक विद्यालय, आधारभुत विद्यालय आ माध्यमिक करके १७ गो विद्यालय मे पढेवाला करिव ४५ सय विद्याथी के शैक्षिक सामान बाँटल गईल बा ।

समता रणनिती कार्जक्रम से बजेट अपुग भईला के बाद पालिका से बजेट विनियोजन करके पहिलका चरण मे ३ हजार लईकालइकी के शैक्षिक सामान बाँटेके लक्ष्य के साथ काम सुरु कईल स्पष्ट कइनी ।

सभी लईकालइकी के कोभिड के चलते इहाँ से वितरण करे ना सकल माकिर सम्बन्धित विद्यालय मे बिहान से वितरण होखेके जानकारी देत दुसरका चरण मे किलास ६ से ८ तक के लईकालइकी के शैक्षिक सामान देवेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव नेपाल सरकारद्धारा घोषित कार्जक्रम मुताविक सभी के खातिर अनिवार्य शिक्षा नारा के साथ हरेक आदमी के शिक्षा मे पहुँच पुगो कहके उद्देश्य के साथ समता रणनिती कार्जक्रम लागु कईल बतवनी ।

हरेक लईकालइकी के विद्यालय मे पहुँच सहज एवं सरल बनावे खातिर डरेस, ब्याग, कपी, पेन्सील सहित के शैक्षिक सामान बाँटल जा रहल बतवनी ।

बाल मजदुरी से दुर राखेके तथा विद्यालय शिक्षा मे जोड देत सभी के साक्षर बनावे के, विद्यालय बाहर के क्रियाकलाप के बन्द करके एकल उद्देश्य अध्ययन अध्यापन मे जोड देवेके रहल बतावत गारजियनलोग जिम्मेवार होके आपन लईकालइकीसब के भविष्य उज्जवल बनावे खातिर अनिवार्य शिक्षा दिलावेके खातिर निहोरा कइनी ।

कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के जिल्ला अध्यक्ष कृष्णप्रसाद यादव सभी के अनिवार्य शिक्षा अभियान के प्रभावकारी बनावे खातिर शुन्य से ५ किलास तक के लईकालइकी के पहिलका चरण मे वितरण हो रहल शैक्षिक सामानसब से विद्यालय मे जाएमे आउर सहज बनावे के विश्वास व्यक्त कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।